स्टेट वुशु चैंपियनशिप में सारण के जलवा: अंडर-17 में बना चैंपियन, 260 छात्रा लोग भाग लिहल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 4, 2024

छपरा। खेल भवन में राज्य स्तरीय वुशु प्रतियोगिता के आज समापन हो गइल। राज्य स्तरीय बालिका अंडर-17/19 वुशु प्रतियोगिता में सारण के जलवा रहल। अंडर-17 वुशु चैंपियनशिप में सारण चैंपियन रहल। जबकि, अंडर-19 मे रनर

Share

छपरा। खेल भवन में राज्य स्तरीय वुशु प्रतियोगिता के आज समापन हो गइल। राज्य स्तरीय बालिका अंडर-17/19 वुशु प्रतियोगिता में सारण के जलवा रहल। अंडर-17 वुशु चैंपियनशिप में सारण चैंपियन रहल। जबकि, अंडर-19 मे रनर अप रहल।

राज्य स्तरीय विद्यालय खेल प्रतियोगिता के तहत सारण के खेल भवन में दु दिवसीय वुशु चैंपियनशिप के आयोजन भइल रहे। 2 नवंबर से 4 नवंबर तक चले वाला एह खेल प्रतियोगिता में पूरा राज्य के 200 छात्रा लोग भाग लिहल। समापन के दौरान छपरा नगर निगम के पूर्व मेयर राखी गुप्ता मुख्य मेहमान के रूप में चैंपियन खिलाड़ियन के सम्मानित कइली।

राज्य स्तरीय विद्यालय खेल प्रतियोगिता के तहत आयोजन

जिला खेल पदाधिकारी मोहम्मद शमीम अंसारी बतवलें कि राज्य स्तरीय विद्यालय खेल प्रतियोगिता के तहत बिहार राज्य खेल प्राधिकरण आ जिला प्रशासन सारण के तत्वावधान में अंडर 17-19 वुशु खेल प्रतियोगिता के आयोजन सारण में कइल गइल रहे।

खेल में पूरा बिहार के 26 जिलन से 260 खिलाड़ी भाग लिहल। दु दिवसीय प्रतियोगिता में अंडर 17 प्रतियोगिता में सारण विजेता के खिताब के प्राप्त कइले बा लो। अंडर-19 में उप विजेता के रूप में खिताब हासिल कइले बा लो। सफलता पूर्वक एह प्रतियोगिता के सम्पन्न करा लिहल गइल बा। संगही सारण के खेल में बेहतरीन प्रदर्शन रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.