बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी से पहिले रोहित शर्मा के घरे आइल खुशी, दूसरका बेर बनले पिता

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2024

    टीम इंडिया एह घरी बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी खातिर आस्ट्रेलिया के दौरा पs बिया. हालांकि टीम के कप्तान रोहित शर्मा अबहियो भारत में मौजूद बाड़न. उनकरा घर में एक बेर फेरु खुशी आ गइल बा.

Share

भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रोहित शर्मा

 

 

टीम इंडिया एह घरी बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी खातिर आस्ट्रेलिया के दौरा पs बिया. हालांकि टीम के कप्तान रोहित शर्मा अबहियो भारत में मौजूद बाड़न. उनकरा घर में एक बेर फेरु खुशी आ गइल बा. रोहित शर्मा के पत्नी रितिका सजदेह एगो बेटा के जनम देले बाड़ी। रोहित एही कारण से अबहीं ले आस्ट्रेलिया नइखन गइल. रोहित शर्मा आ रितिका सजदेह के ई दुसरका संतान हs. एकरा से पहिले दुनों के एगो बेटी भी रहे। जेकर नाम समायरा हs। रोहित शर्मा के बारे में पहिलहीं से खबर आवत रहे कि ऊ अबहीं ले आस्ट्रेलिया काहे नइखन चहुँपल.

रोहित जल्दिए आस्ट्रेलिया चहुँप सकेलें

रोहित शर्मा के बारे में मानल जात रहे कि दूसरा बच्चा के चलते उs पहिला टेस्ट मैच में ना खेल पईहे। हालांकि ऑस्ट्रेलिया के पर्थ में होखे वाला पहिला टेस्ट मैच से करीब 6 दिन पहिले उनुकर पत्नी एगो बच्चा के जन्म देली। अइसना में अब रोहित शर्मा के लगे एह मैच खातिर टीम में शामिल होखे के पूरा समय बा. हो सकेला कि रोहित जल्दिए आस्ट्रेलिया खातिर रवाना हो जास.

आस्ट्रेलिया में रोहित शर्मा के जरुरत बा

टीम इंडिया के कप्तान होखे के अलावे रोहित शर्मा के आस्ट्रेलिया में खेले के अनुभव भी बा। रोहित शर्मा ओपनर खिलाड़ी हउवें. अयीसना में टीम इंडिया के उनुका खातीर खास जरूरत बा। रोहित शर्मा के कप्तानी में टीम इंडिया पहिला बेर आस्ट्रेलिया में टेस्ट सीरीज खेलत बिया. विश्व टेस्ट चैम्पियनशिप के फाइनल के नजरिया से टीम इंडिया खातिर ई सीरीज बहुते जरूरी बा. अइसना में रोहित शर्मा जतना जल्दी टीम में शामिल हो जइहें ओतने भारतीय प्रशंसक आ टीम खातिर बढ़िया होखी. आस्ट्रेलिया में टेस्ट क्रिकेट में रोहित शर्मा के नाम पs तीन गो आधा शतक बा. ऊ आजुओ आपन पहिला शतक के खोज में लागल बाड़न. रोहित शर्मा के जल्दिए टीम में शामिल होखला से टीम इंडिया के बल्लेबाजी लाइनअप के फायदा होई। एकरा अलावे आस्ट्रेलिया में अभ्यास सत्र के दौरान टीम इंडिया के कुछ खिलाड़ी चोटिल हो गईले। रोहित शर्मा के अइला से ओह खिलाड़ियन पs खेले के ढेर दबाव ना रही.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.