Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: स्वतंत्रता दिवस के दिन सुहाना रही मौसम, छाइल रही,बादल होई बरखा

142
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर समेत आसपास के जिलन में एह दिनन मानसून सक्रिय बा। बादल छाइल रहला के संगही बरखा के क्रम जारी बा। मंगर के बादल छाइल रहला के बादो बरखा ना भइल। मौसम विभाग स्वतंत्रता दिवस के दिन बियफे के मौसम सुहाना रहे के अनुमान जतवले बा। सक्रिय चक्रवाती परिसंचरण के असर 17 अगस्त तक बनल रही। जवना के चलते बादल छाइल रहला के संगही बरखा होत रही।

मानसून टर्फ अब उत्तर-पश्चिम मध्य प्रदेश के ऊपर बनल चक्रवाती परिसंचरण से उत्तर प्रदेश, बिहार आ उप हिमालयी पश्चिम बंगाल होत उत्तर-पूर्व बंगाल के खाड़ी तक जा रहल बा। मौसम विभाग के मोताबिक एकरा चलते 17 अगस्त तक बादल छाइल रहला के संगही हल्का से मध्यम स्तर के बरखा होत रही।

बुध आ बियफे के स्वतंत्रता दिवस के दिन बादल छाइल रहला के संगही बरखा के अनुमान जतावल गइल बा, जवना से मौसम सुहाना रही। ओइसे मंगर के मानसून के सक्रियता बनल रहल। पूरा दिन बादल छाइल रहल, बाकिर बरखा ना होखला से लोगन में निराशा रहल। बादल छाइल रहला से दिन में अधिकतम तापमान 32.9, ओहिजा न्यूनतम तापमान 26.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल।

929350cookie-checkGorakhpur News: स्वतंत्रता दिवस के दिन सुहाना रही मौसम, छाइल रही,बादल होई बरखा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.