Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बीजेपी सांसद सतीश दुबे के गाड़ी के एक्सीडेंट, हादसा में MP सहित 4 लोग घायल

पटना में भाजपा सांसद सतीश चंद्र दुबे के कार कंटेनर से टकरा गईल। गांधी सेतु पs भईल इ हादसा। सासंद के प्राइवेट अस्पताल में इलाज चल रहल बा। चालक आ अंगरक्षक भी गंभीर रूप से घायल बाड़े। माथा अवुरी शरीर के बाकी अंग पs गंभीर चोट लागल बा।

556

पटना: बिहार के राजधानी पटना से आ रहल एह वक्त के सबसे बड़ खबर के मोताबिक, बीजेपी के राज्यसभा सांसद सतीश चंद्र दुबे के गाड़ी के एक्सीडेंट हो गइल बा। जेमे सांसद समेत चार लोग घायल हो गइल बा। ड्राइवर आ सांसद सतीश दुबे के बॉडीगार्ड के हालात गंभीर बतावल जा रहल बा। घायलन के एगो प्राइवेट अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। सड़क हादसा गांधी सेतु पs भइल।

जानकारी के मुताबिक हाजीपुर से पटना आवत घरी सांसद के ड्राइवर गांधी सेतु के 46 नंबर के खंभा के 200 मीटर के नजदीक पीछे से 10 पहिया ट्रक के टक्कर मार देले। लग्जरी कार के स्पीड एतना जादा रहे कि गाड़ी के आगे वाला हिस्सा पूरा तरीका से खराब हो गईल रहे।ए दौरान सांसद सतीश चंद्र दुबे समेत चार लोग घाही हो गईले।

एस्कॉर्ट टीम सबके बाहर निकलस

घटना के बाद संगे के एस्कॉर्ट टीम सभके गाड़ी से बाहर निकाल देलस,जवना में एगो ड्राइवर अवुरी दु बॉडी गार्ड के माथा अवुरी बहुत हिस्सा में गंभीर चोट आईल रहे। तीन जने के पीएमसीएच में भर्ती करावल गइल बा आ सांसद के मेदांता अस्पताल में इलाज हो रहल बा। जानकारी के मुताबिक सांसद के हालत में सुधार होखता। एगो बॉडीगार्ड के गोड़ फ्रैक्चर हो गइल बा। सबके इलाज जारी बा।

 

642870cookie-checkबीजेपी सांसद सतीश दुबे के गाड़ी के एक्सीडेंट, हादसा में MP सहित 4 लोग घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.