[the_ad_group id="30365"]

बीजेपी सांसद सतीश दुबे के गाड़ी के एक्सीडेंट, हादसा में MP सहित 4 लोग घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना: बिहार के राजधानी पटना से आ रहल एह वक्त के सबसे बड़ खबर के मोताबिक, बीजेपी के राज्यसभा सांसद सतीश चंद्र दुबे के गाड़ी के एक्सीडेंट हो गइल बा। जेमे सांसद समेत चार लोग घायल हो गइल बा। ड्राइवर आ सांसद सतीश दुबे के बॉडीगार्ड के हालात गंभीर बतावल जा रहल बा। घायलन के एगो प्राइवेट अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। सड़क हादसा गांधी सेतु पs भइल।

जानकारी के मुताबिक हाजीपुर से पटना आवत घरी सांसद के ड्राइवर गांधी सेतु के 46 नंबर के खंभा के 200 मीटर के नजदीक पीछे से 10 पहिया ट्रक के टक्कर मार देले। लग्जरी कार के स्पीड एतना जादा रहे कि गाड़ी के आगे वाला हिस्सा पूरा तरीका से खराब हो गईल रहे।ए दौरान सांसद सतीश चंद्र दुबे समेत चार लोग घाही हो गईले।

एस्कॉर्ट टीम सबके बाहर निकलस

घटना के बाद संगे के एस्कॉर्ट टीम सभके गाड़ी से बाहर निकाल देलस,जवना में एगो ड्राइवर अवुरी दु बॉडी गार्ड के माथा अवुरी बहुत हिस्सा में गंभीर चोट आईल रहे। तीन जने के पीएमसीएच में भर्ती करावल गइल बा आ सांसद के मेदांता अस्पताल में इलाज हो रहल बा। जानकारी के मुताबिक सांसद के हालत में सुधार होखता। एगो बॉडीगार्ड के गोड़ फ्रैक्चर हो गइल बा। सबके इलाज जारी बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]