[the_ad_group id="30365"]

चिली में 7.4 तीव्रता के भूकंप, अर्जेंटीना सहित एह देसन में कांपल धरती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चिली के एंटोफगास्टा में बियफे के 7.4 तीव्रता के भूकंप आइल बा। संयुक्त राज्य भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण के मोताबिक, भूकंप के केंद्र एंटोफगास्टा शहर से 265 किलोमीटर पहिले में 128 किलोमीटर के गहराई पs रहे। भूकंप के झटका बियफे के रात नव बजके 51 मिनट पs महसूस कइल गइल रहे।

समाचार एजेंसी एएफपी के मोताबिक, अभी तक सुनामी के चेतावनी जारी नइखे कइल गइल। ओहिजा, भूकंप के वजह से अब तक जान माल के नुकसान के कवनो खबर सामने नइखे आइल। बता दीं कि भूकंप के झटका बोलीविया, पैराग्वे आ अर्जेंटीना तक महसूस कइल गइल।

भूकंप कइयन बेर चिली में मचवले बिया तबाही

बता दीं कि चिली दुनिया के सबसे जादे भूकंप-प्रवण देसन में से एगो हs। ई प्रशांत महासागर के रिंग ऑफ फायर पs इस्थित बा। एह क्षेत्र में भूकंप के झटका समय-समय पs महसूस कइल जाला। एह क्षेत्र में कइयन गो ज्वालामुखी विस्फोट होला। साल 1960 में चिली के वाल्डिविया में 9.5 तीव्रता के भूकंप के झटका महसूस भइल रहे।

साल 1985 में वालपाराईसो में 7.8 तीव्रता के भूकंप के झटका महसूस कइल गइल रहे। भूकंप के वजह से 177 लोगन के मौत हो गइल रहे। ओहिजा, 2010 में 8.8 तीव्रता के भूकंप आ ओकरा बाद आइल सुनामी में 500 से जादे लोग मारल गइल रहे।

भूकंप के झटका महसूस होखे तs का करे के चाहीं 

  • भूकंप के इस्थिति में हमेशा शांत रहे के चाहीं।
  • भूकंप के झटका महसूस होखला के बाद सबसे सुरक्षित स्थान के तलाश करीं आ इमारतन से दूर कवनो मैदानी इलाका में जाईं।
  • भूकंप के झटके महसूस होखला पs घर के भीतर रहे वाला लोगन के डेस्क, मेज भा बिछवना के नीचे जाईं।
  • भूकंप के झटका महसूस होखला पs बिजली के तारन से दूर चल जाईं।
  • गाड़ी चलावत घरी भूकंप के झटका महसूस होखे तs गाड़ी तुरंत रोक दीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]