- बिहार: जातीय जनगणना के फैसला पs BJP-महागठबंधन आमने-सामने; तेजस्वी कहले- OBC प्रधानमंत्री देस में गणना काहे नइखन करवावत, विजय सिन्हा बोललें- बिहार सरकार के नियत में खोट। पटना हाईकोर्ट जातीय जनगणना पs लागल रोक हटा देले बा।
- बिहार: एक्सिस बैंक में 10 मिनट में 1 करोड़ के लूट; वैशाली में ब्रांच खुलतही घुसलें सs बदमाश; गण प्वाइंट पs लॉकर से कैश लूटलें सs। 2 बाइक से आइल रहलें सs 4 बदमाश। बदमाशन के पकड़े खातिर स्पेशल टीम बनावल गइल।
- उत्तर प्रदेश: डॉ० सोनिया नित्यानंद होइहें KGMU के नया VC, पीजीआई आ लोहिया संस्थान में दे चुकल बाड़ी सेवा। तीन साल पद पs रहिहें कार्यरत। कुलाधिपति आनंदीबेन पटेल नियुक्ति संबंधी आदेस जारी कइली।
- उत्तर प्रदेश: योगी केबिनेट में 32 प्रस्ताव पास; 5G सेवा सस्ता होई; विंध्य, बुंदेलखंड आ हिमालय तराई में एडवेंचर स्पोर्ट्स सुरू होई। सुरेश खन्ना कहलें- मेरठ-बदायूं रोड के फोर लेन कइल जाई।
- झारखंड: पीएमएलए कोर्ट में पेश कइल गइलें विष्णु अग्रवाल; ईडी सात दिनन के मंगलस रिमांड, कोर्ट भेजलस जेल, काल्ह फेर होई बहस।
- पुणे में एक मंच पs PM मोदी आ शरद पवार: मोदी लोकमान्य तिलक पुरस्कार से सम्मानित, बोललें- पुरस्कार राशि गंगा के समर्पित कs रहल बानी। पीएम बोललें- लोकमान्य तिलक सम्मान पाइल सौभाग्य के बात। देस के आजादी में तिलक के जोगदान के कुछ शब्दन में समेटल मुस्किल।
- ब्रिगेडियर आ ऊपर के अफसर अब एक जइसन वर्दी पहिनी लो: कर्नल आ नीचे रैंक के अफसरन के पोशाक में कवनो बदलाव ना। सेना में सबसे ऊंच रैंक फील्ड मार्शल।
- दिल्ली अध्यादेश बिल लोकसभा में पेश: अधीर रंजन बोललें- ई बिल संविधान के उल्लंघन, शाह कहलें- विरोध के कवनो आधार नइखे। पिछला महीना अध्यादेश के कैबिनेट के मिलल रहे मंजूरी।
- NASA के गलती, 12 बिलियन मिल दूर गइल वायजर-2 स्पेसक्राफ्ट: एंटीना के एंगल शिफ्ट होखला से संपर्क टूटल, अब आवाज के सहारे तलाश जारी। स्पेस में दूर तक जाये वाला दूसरका स्पेसक्राफ्ट हs वायजर-2।
- भारत-वेस्टइंडीज तीसरा वनडे आज: हार्दिक पांड्या फेर कप्तानी कs रहल बाड़ें, रोहित-कोहली के आराम; वेस्टइंडीज टॉस जीतके बॉलिंग चुनलस। 1-1 के बराबरी पs बा सीरीज।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Aug 1, 2023
बिहार: जातीय जनगणना के फैसला पs BJP-महागठबंधन आमने-सामने; तेजस्वी कहले- OBC प्रधानमंत्री देस में गणना काहे नइखन करवावत, विजय सिन्हा बोललें- बिहार सरकार के नियत में खोट। पटना हाईकोर्ट जातीय जनगणना पs लागल रोक हटा
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






