[the_ad_group id="30365"]

Indigo: इंडिगो 500 एयरबस प्लेन किने खतिर कइलस मेगा डील, एयर इंडियो दे चुकल बिया अइसन ऑर्डर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडिगो 500 एयरबस प्लेन किने खातिर मेगा डील कइले बिया। रिपोर्ट्स के अनुसार इंडिगो बोर्ड के ओर से 50 अरब डॉलर के एयरक्राफ्ट किने के मंजूरी दे दिहल गइल बा। एह मंजूरी के बाद इंडिगो सबसे बड़ एयरक्राफ्ट डील करे वाली कंपनी बन गइल बिया।

विमानन कंपनी के ओर से डील के जानकारी देत कहल गइल बा कि इंडिगो के तरफ से 500 एयरबस ए320 फैमिली विमानन के ऑर्डर दिहल गइल बा। ई ऑर्डर एयरलाइन के 2030 आ 2035 के बीच विमानन के डिलिवरी के बाद इस्थिरता प्रदान करी। इंडिगो के ई 500 विमानन के ऑर्डर ना केवल इंडिगो के सबसे बड़ ऑर्डर बा, बलुक एयरबस के संगे कवनो एयरलाइन के ओर से कइल गइल अब तक के सबसे बड़ एकल विमान खरीदो बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]