Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Indigo: इंडिगो 500 एयरबस प्लेन किने खतिर कइलस मेगा डील, एयर इंडियो दे चुकल बिया अइसन ऑर्डर

413

इंडिगो 500 एयरबस प्लेन किने खातिर मेगा डील कइले बिया। रिपोर्ट्स के अनुसार इंडिगो बोर्ड के ओर से 50 अरब डॉलर के एयरक्राफ्ट किने के मंजूरी दे दिहल गइल बा। एह मंजूरी के बाद इंडिगो सबसे बड़ एयरक्राफ्ट डील करे वाली कंपनी बन गइल बिया।

विमानन कंपनी के ओर से डील के जानकारी देत कहल गइल बा कि इंडिगो के तरफ से 500 एयरबस ए320 फैमिली विमानन के ऑर्डर दिहल गइल बा। ई ऑर्डर एयरलाइन के 2030 आ 2035 के बीच विमानन के डिलिवरी के बाद इस्थिरता प्रदान करी। इंडिगो के ई 500 विमानन के ऑर्डर ना केवल इंडिगो के सबसे बड़ ऑर्डर बा, बलुक एयरबस के संगे कवनो एयरलाइन के ओर से कइल गइल अब तक के सबसे बड़ एकल विमान खरीदो बा।

571560cookie-checkIndigo: इंडिगो 500 एयरबस प्लेन किने खतिर कइलस मेगा डील, एयर इंडियो दे चुकल बिया अइसन ऑर्डर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.