FIFA World Cup 2022: डिफेंडिंग चैम्पियन फ्रांस हरला के बादो प्री-क्वार्टर फाइनल में, ऑस्ट्रेलियो मरलस एंट्री

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 30, 2022

FIFA World Cup 2022: डिफेंडिंग चैम्पियन फ्रांस हरला के बादो प्री-क्वार्टर फाइनल में, ऑस्ट्रेलियो मरलस एंट्री FIFA World Cup 2022: कतर के मेजबानी में खेलल जा रहल फीफा वर्ल्ड कप 2022 में बुध (30 नवंबर)

Share

FIFA World Cup 2022: डिफेंडिंग चैम्पियन फ्रांस हरला के बादो प्री-क्वार्टर फाइनल में, ऑस्ट्रेलियो मरलस एंट्री

FIFA World Cup 2022: कतर के मेजबानी में खेलल जा रहल फीफा वर्ल्ड कप 2022 में बुध (30 नवंबर) के ग्रुप-डी में दु गो बड़ मैच खेलल गइल। एगो मुकाबला डिफेंडिंग चैम्पियन फ्रांस आ ट्यूनीशिया के बीचे खेलल गइल।

एमे फ्रांस के हार झेले के पड़ल बा। हार के बावजूद फ्रांस प्री-क्वार्टर फाइनल में आपन जगे लेले बा। ट्यूनीशिया फ्रांस के 1-0 से हरवले बा।

ग्रुप-डी मे दूसरका मैच ऑस्ट्रेलिया आ डेनमार्क के बीच खेलल गइल। एमे कंगारू टीम 1-0 से जीत दर्ज कs के सुपर-16 में जगह बना लेले बिया। ई मैच बहुते रोमांचक रहल। जदि एह मुकाबला में ऑस्ट्रेलिया हारित भा मैच ड्रॉ होइत, तs ट्यूनीशिया के प्री-क्वार्टर फाइनल में पहुंचल तय रहे।

फ्रांस बनाम ट्यूनीशिया

ई मैच बहुते रोमांचक रहल। फ्रांस बनाम ट्यूनीशिया मैच पहिला हाफ तक बिना कवनों गोल के बराबरी पs रहल रहे। बाकिर दूसरका हाफ में दुनो टीम पूरा ताकत लागावल, लेकिन कामयाबी ट्यूनीशिया के हाथे लागल। टीम के कप्तान वाहबी खजरी दूसरा हाफ के 58वां मिनट में गोल दागके टीम के 1-0 से अजेय बढ़त दिलवले।

ऑस्ट्रेलिया बनाम डेनमार्क

ग्रुप-डी के एगो आउर मैच ऑस्ट्रेलिया आ डेनमार्क के बीच खेलल गइल, जवन पहिला हाफ तक बिना कवनो गोल के बराबरी पs रहल रहे। बाकिर दूसरा हाफ में कंगारू टीम सानदार तरीका से खेल देखावत हबढ़त हासिल कइलस। टीम खातिर 60वां मिनट में मैथ्यू लेकी गोल दगलें। एह गोल के दम पs ऑस्ट्रेलियाई टीम विजयी बढ़त बनवलस।

फ्रांस आ ट्यूनीशिया के स्टार्टिंग-11

फ्रांस के टीम: स्टीव मंडंडा (गोलकीपर), एक्सल दिसासी, राफेल वरान (कप्तान), इब्राहिमो कोनाते, एडुआर्डो कामाविंगा, यूसुफ फोफाना, एयू रिलियन टचौमेनी, जॉर्डन वेरेटौट, माटेओ गुएन्डौजी, किंग्सले कोमन आ रैंडल कोलो मुनी।

ट्यूनीशियाई टीम: अयमेन दाहमेन (गोलकीपर), वाहबी खजरी (कप्तान), वाज्दी केचरिडा, मोंटासर ताल्बी, यासिन मरियाह, अली मौलौल, नादेर घांडरी, मोहम्मद अली बेन रोमधने, आइसा लाइदौनी, एलिस स्कीरी आ अनीस स्लीमेन।

ऑस्ट्रेलिया आ डेनमार्क के स्टार्टिंग-11

ऑस्ट्रेलियाई टीम: मैथ्यू रयान (गोलकीपर), मिलोस डीजेनेक, हैरी सौतार, के रोल्स, अजीज बेहिच, आरोन मोय, जैक्सन इरविन, रिले मैकग्री, क्रेग गुडविन, मैथ्यू लेकी आ मिशेल ड्यूक

डेनमार्क टीम: कैस्पर श्माइकल (गोलकीपर), जोकिम एंडरसन, एंड्रियास क्रिस्टेंसन, रासमस क्रिस्टेंसन, पियरे-एमिल होजबर्ज, मैथियास जेन्सेन, क्रिश्चियन एरिक्सन, जोकिम माहेले, जेस्पर लिंडस्ट्रॉम, मार्टिन ब्रेथवेट आ एंड्रियास स्कोव ओल्सन। tu

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.