तिसरको बेर पूर्ण बहुमत से बनी भाजपा सरकार : विजय कुमार गोंड

By Anurag Ranjan

Published on: May 5, 2024

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। लोकसभा चुनाव के मद्देनजर भाजपा अनुसूचित जनजाति मोर्चा देवरिया कावर से लोकसभा क्षेत्र बांसगांव के विधानसभा क्षेत्र बरहज में जिला अध्यक्ष विजय कुमार गोंड के अध्यक्षता में जनजातीय संवाद आ संपर्क कार्यक्रम

Share

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। लोकसभा चुनाव के मद्देनजर भाजपा अनुसूचित जनजाति मोर्चा देवरिया कावर से लोकसभा क्षेत्र बांसगांव के विधानसभा क्षेत्र बरहज में जिला अध्यक्ष विजय कुमार गोंड के अध्यक्षता में जनजातीय संवाद आ संपर्क कार्यक्रम के निमित्त प्रवास कइल गइल।

जनजाति सम्पर्क आभियान के दौरान जिला महामंत्री भाजपा अनुसूचित जनजाति मोर्चा पंकज सिंह गोंड कहलें कि देस के जनता प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के विकास कार्यन पs आपन स्वीकृति प्रदान कs चुकल बिया। जवना से आदिवासी समुदाय के बीच में उत्साह के माहौल बा।

संसदीय क्षेत्र के भाजपा प्रत्याशी कमलेश पासवान के समर्थन में भलुअनी मंडल, बरहज देहात मंडल, बरहज नगर मंडल के अलग-अलग ग्राम पंचायत में जनजाति समुदाय के बीच संपर्क कs के आवे वाला एक जून के भाजपा प्रत्याशी कमलेश पासवान के समर्थन में वोट करे खातिर आग्रह कइल गइल।

प्रवास कार्यक्रम में मुख्य रूप से जिला उपाध्यक्ष गोविंद गोंड, मंडल अध्यक्ष सोनू गोंड, मंडल अध्यक्ष रामज्ञान गोंड , विकास गोंड , प्रमोद कुमार मौर्या इत्यादि अनुसूचित जनजाति मोर्चा के कार्यकर्ता उपस्थित रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.