Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Manish Sisodia Bail: मनीष सिसोदिया के सुप्रीम कोर्ट से जमानत, 17 महीना बाद जेल से होइहें रिहा

168
Google Ads 300*250 for posts

(Manish Sisodia Bail Update) दिल्ली आबकारी नीति घोटाला ममिला में (Delhi Excise Policy Scam) में जेल में दिल्ली के पूर्व उप मुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया के आज जमानत मिल गइल।

दिल्ली सचिवालय जाये से रोके के मांग के कोर्ट कइलस खारिज

सुप्रीम कोर्ट जवना समय मनीष सिसोदिया के जमानत देलस, ओह समय ईडी के वकील ई मांग कइलें कि पूर्व मंत्री के दिल्ली सचिवालय जाये से रोके के शर्त के आधार बनाके जमानत दिहल जाव। जवना के कोर्ट खारिज कs देलस।

उनका लगे कुछ बरामद ना भइल -सिसोदिया

मनी लॉन्ड्रिंग के आरोप में 17 महीना से जेल में बंद सिसोदिया के सुप्रीम कोर्ट से बड़ राहत मिलल। कोर्ट सिसोदिया के जमानत पs बहस सुनके छव अगस्त के फैसला सुरक्षित रख लेले रहे।

सिसोदिया जमानत मांगत दलील देले रहस कि ऊ पिछला 17 महीना से जेल में बाड़ें। ट्रायल अभी ले सुरू नइखे भइल। उनका लगे से कुछुओ बरामद नइखे भइल। अइसन में उनका के जमानत दिहल जाये के चाहीं। सीबीआई आ ईडी विरोध करत कहले रहे कि ट्रायल में देरी खातिर मनीष सिसोदिया जिम्मेदार बानी।

922980cookie-checkManish Sisodia Bail: मनीष सिसोदिया के सुप्रीम कोर्ट से जमानत, 17 महीना बाद जेल से होइहें रिहा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.