[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में मौसम भइल सुहाना, बरखा से लोगन के मिलल राहत : आसमान में छाइल घन बादल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में बरखा के बाद से मौसम सुहाना बनल बा। उमस आ गरमी से परेसान लोगन के आखिरकार राहत मिलल बा। बियफे के दुपहरिया बाद मूसलाधार बरखा बड़ राहत देलस। तेज गरज आ चमक के संगे भइल ई बरखा समूचा शहर के मौसम बदल देलस, जवना से तापमान में गिरावट आइल आ वातावरण में ताजगी महसूस भइल। शहर के कइयन हिस्सन में भारी बरखा के कारण जलभराव के इस्थिति उत्पन्न हो गइल।

आज सुक के सबेरही से आसमान में घन बादल छाइल बा आ ठंडा हवा चल रहल बा, जवना से मौसम बहुते सुहाना बनल बा। मौसम विभाग के अनुसार, आज के अधिकतम तापमान 30-32 डिग्री सेल्सियस के बीच रहे के संभावना बा, जबकि न्यूनतम तापमान 26 डिग्री सेल्सियस के आसपास रही। दिनभर तेज हवा के संगे बरखा हो सकत बा, जवना से लोगन के गरमी से पूरा तरे राहत मिली।

अगिला दु दिनन में मध्यम से तेज बरखा के आसार

मौसम वैज्ञानिक डॉ. कैलाश पांडेय बतवलें कि मानसून के इस्थिति सामान्य बनल बा आ अगिला दु दिनन में गोरखपुर में मध्यम से तेज बरखा के आसार बा। प्रदेश में जारी सक्रिय मानसून के परिस्थितियन के कारण तराई आ ओकरा से सटल क्षेत्रन में कहीं-कहीं भारी से बहुत भारी बरखा होखे के संभावना बा। अधिकतर जगहन पs बादल छाइल रही आ हलका से मध्यम बरखा के दौर जारी रही।

निचला इलाकन में रहे वाला लोग हो जाये सतर्क

मौसम विभाग चेतावनी देले बा कि भारी बरखा के कारण शहर में आउर जलभराव के इ स्थिति उत्पन्न हो सकत बा।  ऊ नागरिकन से अपील कइले बा कि ऊ लोग बिना यात्रा से बचे आ जदि यात्रा कइल जरूरी होेखे तs सावधानीपूर्वक करीं। खास कs के निचला इलाकन में रहे वाला लोगन के सतर्क रहे के सलाह दिहल गइल बा, काहेकि उहां जलभराव के खतरा अधिक होला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]