Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UGC NET Exam: यूजीसी नेट जून सत्र खातिर एडमिट कार्ड जारी, अभी इहां से करीं डाउनलोड; जानीं परीक्षा के समय

779
Google Ads 300*250 for posts

UGC NET Admit Card Out: नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) यूजीसी नेट जून 2024 सत्र खातिर एडमिट कार्ड जारी कs दिहल गइल बा। जे उम्मीदवार परीक्षा खातिर आवेदन कइले रहे, ऊ आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.nic.in के माध्यम से यूजीसी नेट एडमिट कार्ड डाउनलोड कs सकत बा लो।

उम्मीदवार यूजीसी नेट एडमिट कार्ड 2024 डाउनलोड करे खातिर आपन लॉगिन विवरण जइसे पंजीकरण संख्या आ जन्म तिथि के उपयोग कs सकत बा लो।

एडमिट कार्ड पs उल्लिखित विवरण

यूजीसी नेट एडमिट कार्ड 2024 में उम्मीदवार के नाम, रोल नंबर, परीक्षा तिथि आ समय, केंद्र के विवरण, फोटो, हस्ताक्षर आ परीक्षा निरदेस सामिल बा।

यूजीसी नेट परीक्षा खातिर एडमिट कार्ड एगो अनिवार्य दस्तावेज हs, जवना के संगे परीक्षा केंद्र पs एगो वैध सरकारी जारी फोटो आईडी कार्ड आ पासपोर्ट आकार के तस्वीर के संगे ले जाये के होई।

परीक्षा के समय

यूजीसी नेट 2024 परीक्षा 18 जून के दु शिफ्ट में होखे वाला बा; सबेरे 9:30 बजे से दुपरिया 12:30 बजे तक आ दुपहरिया तीन बजे से सांझ छव बजे तक आयोजित होई। परीक्षा के प्रारूप OMR-आधारित होई, जवन कंप्यूटर-आधारित परीक्षण (CBT) मोड के समान संरचना के बना के रखी। हर पेपर (पेपर 1 आ पेपर 2) एनटीए कावर से ओकरा बीच बिना कवनो ब्रेक के आयोजित कइल जाई।

परीक्षा पैटर्न

नेट परीक्षा में दुगो पेपर होला। पेपर एक में 50 प्रश्न होल। जेमे से हर सवाल दु अंक के होला। ई पेपर उम्मीदवारन  के शिक्षण आउर शोध योग्यता, तर्क क्षमता, पढ़े के समझ, अलग सोच आ सामान्य जागरूकता के मूल्यांकन करेला।  पेपर दु में 100 प्रश्न होला, जेमे से प्रत्येक प्रश्न के दु अंक होत बा, कुल 200 अंक होला। ई पेपर उम्मीदवार कावर से चुनल गए विषय पs केंद्रित होला।

एडमिट कार्ड कइसे डाउनलोड करीं?

  • उम्मीदवार यूजीसी नेट 2024 एडमिट कार्ड डाउनलोड करे खातिर नीचे दिहल गइल चरणन के पालन कs सकत बा:
  • सबसे पहिले उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.ac.in पs जाईं।
  • होम पेज पs उपलब्ध UGC NET एडमिट कार्ड 2024 लिंक पs क्लिक करीं।
  • अब, लॉगिन विवरण दर्ज करीं आ सबमिट पs क्लिक करीं।
  • एकरा बाद यूजीसी नेट एडमिट कार्ड स्क्रीन पs दिखाई दी, ओकरा के डाउनलोड करीं।
  • अंत में एडमिट कार्ड के एक प्रिंट आउट जरूर ले लें।
  • जदि अभ्यर्थियन के एडमिट कार्ड डाउनलोड करे में कवनो समस्या आवेला, तs ऊ सहायता खातिर 011-40759000 पs संपर्क कs सकत बा लो भा [email protected] पs ईमेल कs सकत बा लो।
864210cookie-checkUGC NET Exam: यूजीसी नेट जून सत्र खातिर एडमिट कार्ड जारी, अभी इहां से करीं डाउनलोड; जानीं परीक्षा के समय

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.