[the_ad_group id="30365"]

इजरायल के भीषण हवाई हमला से थर्राइल बेरूत, हिजबुल्लाह चीफ हसन नसरल्लाह के मारल जाए के आशंका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बियफे आ आजु भइल एह जानलेवा हमला में इजरायली बरसी आग उगलत मिसाइलन से हिजबुल्लाह के मुख्यालय पs बड़हन हमला के बाद ओकर प्रमुख सैय्यद हसन नसरल्लाह के निशाना बनावल गइल. आशंका बा कि एह भयावह हवाई हमला में हसन नसरल्लाह के मउत हो सकेला. हालांकि नसरल्लाह जिंदा बाड़े कि मरल बाड़े, एकरा बारे में साफ-साफ कुछ नईखे कहल जा सकत।  कहल जात बा कि अमेरिका के यात्रा से लवटते इजरायल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू अपना सेना के हिजबुल्लाह चीफ हसन नसरल्लाह के खतम करे के आदेश दिहले रहले. अब आईडीएफ के मकसद हसन नसरल्लाह के मारल लउकत बा काहे कि इजरायली सेना शनिचर के दिने बेरूत के दक्खिनी उपनगर आ लेबनान के दोसरा इलाकन पs आपन सबले जानलेवा हवाई हमला कइलस जवन हिजबुल्लाह के मुख्यालय के उड़ावे के एक दिन बाद भइल. बाकिर हिजबुल्लाह एह मामिला में अबहीं ले कवनो बयान नइखे जारी कइले.

लेबनान पs इजरायली सेना के जानलेवा हमला के बाद नसरल्लाह के किस्मत के तुरंत पुष्टि नईखे भईल, बाकिर हिजबुल्लाह के करीबी सूत्र रॉयटर्स के बतवले कि उs (हसन नसरल्लाह) अब नईखन। बता दीं कि पिछला 32 साल से ईरान समर्थित आतंकी समूह के नेता नसरल्लाह के मौत इजरायली हमला के बाद के कवनो सफाई नइखे मिलल.   रॉयटर्स के पत्रकारन के कहना बा कि शनिचर के भोर से पहिले बेरूत में बीस से अधिका हवाई हमला देखले रहुवे. फेर सूर्योदय के बाद अउरी हवाई हमला सुनाई देलस। हिज़्बुल्लाह-नियंत्रित वाला एह शहर के दक्षिणी उपनगरन पs धुँआ उठत देखल जा सकेला जवना के दहिया के नाम से जानल जाला. जबकि बियफे के दिने इजरायली हमला के बाद से हजारन लोग एह इलाका से भाग गइल बा आ बेरूत शहर के चौक, पार्क, फुटपाथ आ समुद्र के किनारे के इलाकन में जमा हो गइल बा.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]