Gopalganj: इलाज करे के बहाने 17 बरिस के लइकी संगे दुष्कर्म

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 28, 2024

गोपालगंज: गोपालगंज के एगो निजी अस्पताल में भूत भगावे के बहाने दु तंत्रिका आ एगो दवाई के दोकानदार 17 साल के बच्ची के संगे सामूहिक दुष्कर्म कइले। पुलिस तीनों आरोपी के गिरफ्तार कऽ के अवैध

Share

गोपालगंज: गोपालगंज के एगो निजी अस्पताल में भूत भगावे के बहाने दु तंत्रिका आ एगो दवाई के दोकानदार 17 साल के बच्ची के संगे सामूहिक दुष्कर्म कइले। पुलिस तीनों आरोपी के गिरफ्तार कऽ के अवैध अस्पताल के खिलाफ जांच शुरू कऽ देलस। अस्पताल के रजिस्ट्रेशन ना भइल रहे आ एक महिला के मौत पहिलही हो चुकल रहे। अब पुलिस हर स्तर से जांच शुरू क देले बिया।

बियफे के रात शहर के अस्पताल चौक के नजदीक अवैध तरीका से संचालित निजी अस्पताल के सफाई करत घरी एगो दवाई के दोकानदार के संगे दु तंत्रिका एगो किशोरी के संगे सामूहिक दुष्कर्म कइले।

एह दौरान लइकी के करीब सात घंटा तक कमरा में बंद राखल गइल, जबकि महतारी रात भर कमरा के बहरी बइठल रहली। लइकी कमरा से बाहर निकल के अपना महतारी के पूरा बात सुनवलस। रिश्तेदार पुलिस के सूचना देले। सामूहिक बलात्कार के खबर मिलला के बाद नजदीक के लोगो पुलिस देखला के बाद निजी अस्पताल पहुंचले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.