[the_ad_group id="30365"]

Zomato के को-फाउंडर आकृति चोपड़ा देली इस्तीफा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ज़ोमेटो के सह-संस्थापक आकृति चोपड़ा अपना पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़ी। कंपनी एह बात के एलान बियफे के दिने कइलस। आकृति चोपड़ा के बियाह ब्लिंकिट के संस्थापक अल्बिंदर ढिंदसा से भइल बा। आकृति के नेटवर्थ करोड़ों रुपया में बा। आकृति 13 साल तक ज़ोमेटो में काम कइली। इहाँ उऽ कई गो पद पs रहली।

ऑनलाइन फूड डिलीवरी प्लेटफॉर्म ज़ोमेटो के सह-संस्थापक आ मुख्य जन अधिकारी (सीपीओ) आकृति चोपड़ा अपना पद से इस्तीफा दे दिहली। कंपनी बियफे का दिने उनका इस्तीफा देबे के एलान कइलस। पिछला 13 साल से आकृति ज़ोमेटो से जुड़ल रहली। एकरा से पहिले उऽ कंपनी से सीएफओ के रूप में जुड़ल रहली। ज़ोमेटो में रहत घरी आकृति चोपड़ा लीगल, गवर्नेंस, रिस्क आ कम्प्लाएंस समेत अलग-अलग टीम के संभलली।

 

कंपनी के वेबसाइट पs आकृति खातिर विदाई के नोट लिखल गइल बा। एमें कंपनी के सीईओ दीपिंदर उनका के धन्यवाद देत कहले कि, ‘आकृति में हमेशा अव्यवस्था के व्यवस्था में बदले के क्षमता रहल बा। उऽ हमेशा से असंभव के आसान देखावत आइल बाड़ी। ऊ कवनो नेता भा सहयोगी से बढ़ के रहली।

आकृति 2011 में कंपनी में सीनियर मैनेजर (फाइनेंस एंड ऑपरेशन) के रूप में शामिल भइल रहली। फेर कंपनी के भीतर तेजी से रैंक में उपर उठ गइली। 2012 में उऽ वीपी (फाइनेंस एंड ऑपरेशंस) बनली। 2020 में आकृति सीएफओ के भूमिका में आ गइली। 2021 में सह-संस्थापक आ सीपीओ के रूप में नियुक्त भइली। आकृति चोपड़ा के बियाह ब्लिंकिट के संस्थापक अल्बिंदर ढिंदसा से भइल बा। बाद में ब्लिंकिट के जोमेटो खरीद लिहलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]