Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लखनऊ में मेट्रो के कोच में लागल आग : बादशाह नगर स्टेशन पर रुकतही धुआं निकले लागल, यात्रियन के उतारल गइल

169
Google Ads 300*250 for posts

एह वक्त के बड़ खबर लखनऊ से आ रहल बा। इहां मेट्रो के एगो कोच में आग लाग गइल। बादशाह नगर मेट्रो स्टेशन पs मेट्रो रुकल तs कोच से धुआं उठे लागल। यात्रियन में हड़कंप मच गइल। तुरंत सब यात्रियन के बाहर निकालल गइल।

मेट्रो के स्टाफ भागके मवका पs पहुंचल। यात्रियन के उहां से हटा दिहल। लाइन पs पीछे से आ रहल ट्रेनन के रोक दिहल गइल फिलहाल, अभी हालात काबू में बा। बतावल जा रहल बा कि मेट्रो में शार्ट सर्किट से आग लागल बा। एक्सपर्ट के टीम मवका पs पहुंच रहल बा। फिलहाल, आग के बुझावे के काम कइल जा रहल बा।

832900cookie-checkलखनऊ में मेट्रो के कोच में लागल आग : बादशाह नगर स्टेशन पर रुकतही धुआं निकले लागल, यात्रियन के उतारल गइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.