[the_ad_group id="30365"]

मारपीट ममिला में मुखिया समेत 3 गिरफ्तार: मछली मारे के विवाद में दु पक्ष आपस में भिड़ल रहे, दु दिन पुरान ममिला में कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला के सिधवलिया थाना क्षेत्र के बघवार गांव में पिछला दु दिन पूर्व मछली मारे के लेके दु पक्षन में विवाद भइल रहे। पुलिस मुखिया समेत तीन लोगन के गिरफ्तार कइले बा। गिरफ्तार अभियुक्तन में सिधवलिया थाना क्षेत्र के बधवार गांव निवासी धूप सिंह के बेटा सलेमपुर पंचायत के मुखिया संतोष सिंह, झापस यादव के बेटा रविरंजन कुमार आ अदालत सहनी के बेटा बिरेश सहनी सामिल बा।

पुलिस अधीक्षक स्वर्ण प्रभात कहलें कि पिछला दु दिन पहिले मछली मारे के लेके दु पक्षन में विवाद भइल रहे। एह दौरान मारपीटो भइल रहे। दुनो पक्ष स्थानीय थाना में आवेदन देले रहे। प्राप्त आवेदन के आधार पs त्वरित कार्रवाई करत दुनो पक्षन से मुखिया सहित तीन लोगन के गिरफ्तार कs के जेल भेजल गइल बा।

हमार गिरफ्तारी अनुचित बा

मुखिया संतोष सिंह कहलें कि हमनी के गांव में कुछ मछुआरा बिना पट्टा के मछली मारत रहे लो। जवना पs रोक लगावे खातिर आवाज उठावल गइल रहे। एही बात के लेके दुनो पक्षन में विवाद भइल। थाना प्रभारी पंचायती खातिर बोलवले रहस आ हमरा के गिरफ्तार कs लेले। ऊ बतवलें कि मारपीट के समय हम बा रहनी। पुलिस के पहुंचला के 20 मिनट बाद पहुंचल रहनी। हमार गिरफ्तारी अनुचित बा, अन्याय बा। पुलिस जदि समय से कार्रवाई करित तs ना मारपीट होइत आ ना ई नौबत आइत।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]