[the_ad_group id="30365"]

WhatsApp वेरिफिकेशन चेकमार्क के लेके कइलस बड़ बदलाव, हरियर ना; बुलू हो गइल बा अब रंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेटा के पॉपुलर चैटिंग ऐप वॉट्सऐप प्लेटफॉर्म पs यूजर्स के एक्सपीरियंस बेहतर बनावे खातिर लगातार नया बदलाव करत रहेला। एही कड़ी में अब राउर वॉट्सऐप के इंटरफेस में एगो नया बदलाव नजर आई। दरअसल, कंपनी अबकी बेर अपना वेरिफिकेशन सिस्टम के लेके अपडेट जारी कइले बिया। वॉट्सऐप पs अब वेरिफाइड अकाउंट के ग्रीन ना, बलूक ब्लू बैज के संगे देखल जा रहल बा। बता दीं, वॉट्सऐप से पहिले मेटा के दूसरका प्लेटफॉर्म जइसे इंस्टाग्राम आ फेसबुक पs कंपनी वेरिफाइड अकाउंट के पहिलही से ब्लू बैज के संगे देखावेला, बाकिर वॉट्सऐप के ग्रीन इंटरफेस में वेरिफिकेशन बैजो ग्रीन दिहल जात रहे।

वॉट्सऐप पs वेरिफिकेशन बैज के बदल गइल रंग

वॉट्सऐप पs एह बदलाव के लेके सबसे पहिले जानकारी वॉट्सऐप पs अपडेट जारी करे वाली वेबसाइट WABetaInfo देले रहे।

अब एह बदलाव के वॉट्सऐप यूजर अपना फोन में ऐप के ओपन कs के देख सकत बा लो। वॉट्सऐप पs सब वेरिफाइड चैनल के अब ब्लू बैज के संगे देखल जा रहल बा। मेटा के ओर से अइसन सब प्लेटफॉर्म के एक जइसन विजुअल आडेंटिटी बरकरार रखे खातिर कइल गइल बा।

वॉट्सऐप पs ब्लू चेकमार्क के का बा माने

वॉट्सऐप पs कवनो यूजर के अकाउंट भा चैनल पs ब्लू चेकमार्क देखल जा सकत बा। ई ब्लू चेकमार्क एह बात के पुख्ता करत बाकि ब्लू चेकमार्क वाला अकाउंट वेरिफाइड आ ऑथेंटिक बा।

एह चेकमार्क के वेरिफाइड बिजनेस अकाउंट के संगे देखल जा सकत बा।  वॉट्सऐप पs एह बैज के संगे यूजर के सिक्योरिटियो पक्की होला। चेकमार्क के संगे एगो वॉट्सऐप यूजर ऑरिजनल आ फेक अकाउंट में फरक कs सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]