गोरखनाथ यूनिवर्सिटी में अगिला सत्र से सुरू होई MBBS कोर्स : GU के कार्यपरिषद प्रस्ताव के देलस मंजूरी, 100 फीसदी ऑनलाइन होई प्रवेश

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 8, 2024

BAMS कोर्स के सफल संचालन कs रहल महायोगी गोरखनाथ यूनिवर्सिटी में सत्र 2024-25 से MBBS कोर्स सुरू होखे के उम्मीद बा। यूनिवर्सिटी के कार्य परिषद एकर स्वीकृति दे देले बा। अतवार के महायोगी गोरखनाथ यूनिवर्सिटी

Share

BAMS कोर्स के सफल संचालन कs रहल महायोगी गोरखनाथ यूनिवर्सिटी में सत्र 2024-25 से MBBS कोर्स सुरू होखे के उम्मीद बा। यूनिवर्सिटी के कार्य परिषद एकर स्वीकृति दे देले बा। अतवार के महायोगी गोरखनाथ यूनिवर्सिटी में भइल कार्य परिषद के मीटिंग में शैक्षिक सत्र 2024-25 से MBBS के संगही BBA लॉजिस्टिक कोर्स संचालित करे के मंजूरी मिल गइल बा।

मीटिंग में प्रवेश प्रक्रिया के 100 फीसदी ऑनलाइन करे के निर्णय लिहल गइल बा। एकरा संगही प्रवेश समिति के निर्धारित टाइम-टेबल के मोताबिक प्रक्रिया पूरा करे के अनुमति दिहल गइल। इहो तय कइल कि सत्र 2024-25 से प्रवेश के बेरा छात्रावास के आवंटन कइल जाई।

30 अप्रिल तक होई ऑनलाइन आवेदन

कुलपति मेजर जनरल डॉ. अतुल वाजपेयी के अध्यक्षता में भइल कार्य परिषद के मीटिंग में BAMS, नर्सिंग, फार्मेसी संकाय के कोर्सेज सहित आउर कइयन गो महत्वपूर्ण UG, PG, डिप्लोमा कोर्सेज में एक अप्रिल से सुरू प्रवेश प्रक्रिया पs चर्चा कइल गइल। एह दौरान तय भइल कि एह कोर्सेज में प्रवेश खातिर ऑनलाइन आवेदन 30 अप्रिले तक स्वीकार कइल जाई। प्रवेश परीक्षा अलग-अलग निर्धारित तिथियन में होई। एह दौरान कुल 73 बिंदुअन पs चरचा कइल गइल। मीटिंग में साल 2024-25 खातिर 148 करोड़ रुपिया के बजट पारित कइल गइल।

मीटिंग में ई लोग रहे मवजूद

एह दौरान कार्यपरिषद सदस्य महंत योगी मिथिलेशनाथ, गोरखनाथ मंदिर के मुख्य पुजारी योगी कमलनाथ, रामजन्म सिंह, प्रमथनाथ मिश्र, डॉ. CM सिन्हा, संयुक्त सचिव उच्च शिक्षा विभाग प्रेम कुमार पांडेय, डीडीयू के शिक्षक डॉ. शोभा गौड़, स्वास्थ्य विज्ञान संकाय के अधिष्ठाता प्रो. सुनील कुमार, प्रशासनिक अधिष्ठाता डॉ. राजेंद्र भारती, चिकित्सा संकाय के अधिष्ठाता डॉ. हरिओम शरण, परीक्षा नियंत्रक अमित कुमार सिंह, आयुर्वेद कॉलेज के डॉ. सुमित कुमार एम, प्रिया एसआर नायर, मुख्य अभियंता नीरज कुमार गौतम, चार्टर्ड अकाउंटेंट अनिल कुमार सिंह, सहायक अभियंता आशीष उपस्थित रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.