[the_ad_group id="30365"]

CAT 2024 रिजल्ट जारी:14 छात्रन के मिलल 100 पर्सेंटाइल, 3 लाख स्टूडेंट्स देले रहे लो परीक्षा

CAT 2024 के रिजल्ट जारी कs दिहल गइल बा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडियन इंस्टीट्यूट ऑफ मैनेजमेंट, कलकत्ता कॉमन एडमिशन टेस्ट माने CAT 2024 के रिजल्ट जारी कs देले बा। कैंडिडेट आधिकारिक वेबसाइट iimcat.ac.in पs आपन जानकारी डालके आपन रिजल्ट आ स्कोरकार्ड चेक कs सकत बा लो। एकरा स्कोर से IIMs आ 86 नॉन-IIM में प्रवेश मिली।

एह साल कुल 3.29 लाख कैंडिडेट CAT खातिर रजिस्ट्रेशन करवले रहे लो। एमे से जनरल कैटेगरी के 67.53%, OBC-NC के 16.91%, 8.51% SC, 2.25% ST, 4.80% EWS आ 0.44% PwD कैटेगरी के विद्यार्थी बा लो। बाकिर परीक्षा देवे खाली 2.92 लाख छात्र पहुंचल रहे लो, जेमे से 67.20% कैंडिडेट जनरल कैटेगरी के बा लो।

टॉप स्कोर करे वालन में इंजीनियर्स सबसे जादे

14 विद्यार्थी 100 पर्सेंटाइल स्कोर कइले बा लो। 100 पर्सेंटाइल स्कोर करे वालन में से 13 इंजीनियर आ 13 मेल छात्र बा लो। एकरा अलावे 29 छात्र के 99.99 पर्सेंटाइल मिलल बा, जेमे से 25 इंजीनियर आ 4 नॉन-इंजीनियर्स बा लो। 99.99 पर्सेंटाइल के स्कोर ले आवे वाला छात्रन में खाली दुगो लईकी सामिल बा लो। ओहिजा, 30 छात्र 99.98 पर्सेंटाइल के स्कोर हासिल कइले बा लो।

24 नवंबर के भइल रहे परीक्षा

CAT परीक्षा 24 नवंबर 2024 के तीन शिफ्ट में भइल रहे। पहिला शिफ्ट सबेरे 8:30 से 10:30 बजे तक, दूसरका शिफ्ट दुपहरिया 12:30 से 2:30 बजे तक आ तीसरका शिफ्ट सांझ 4:30 से 6:30 बजे तक रहे।

Read Also: छपरा में 3 घंटा गुल रही बिजली, साढ़ा ढाला आ मेहिया से हटावल जाई अतिक्रमण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]