सरकारी नौकरी: बिहार हेल्थ डिपार्टमेंट में 825 पदन पs निकलल भर्ती, एज लिमिट 42 बरिस, एग्जाम से सिलेक्शन
बिहार के हेल्थ डिपार्टमेंट सीनियर रेजिडेंट / ट्यूटर के पदन पs भर्ती निकलले बा। उम्मीदवार ऑफिशियल वेबसाइट bceceboardapl.bihar.gov.in पs जाके आवेदन कs सकत बा लो।
एजुकेशनल क्वालिफिकेशन :
- संबंधित क्षेत्र में ग्रेजुएशन, पीजी डिग्री
आयु सीमा :
- अनारक्षित ( पुरुष ) : 37 वर्ष
- अनारक्षित ( महिला ) : 40 वर्ष
- पिछड़ा वर्ग आ अत्यन्त पिछड़ा वर्ग ( पुरुष आ महिला ) : 40 बरिस
- अनुसूचित जाति आ जनजाति ( पुरुष आ महिला ) : 42 वर्ष
सिलेक्शन प्रोसेस :
- रिटन एग्जाम
- डॉक्यूमेंट वेरिफिकेशन
अइसे करीं आवेदन :
- ऑफिशियल वेबसाइट bceceboardapl.bihar.gov.in पs जाईं।
- होमपेज पs, ‘Recruitment Advertisement‘ भा ‘Adv. No. – 2024/01 पs क्लिक करीं।
- रजिस्ट्रेशन कs के लॉग इन करीं।
- जरूरी जानकारी आ डॉक्यूमेंट्स अपलोड करीं।
- फीस के भुगतान कs के फॉर्म जमा करीं।
- एकर प्रिंट आउट लेके रखीं।
Comments are closed.