Breaking: लखनऊ-छपरा-लखनऊ वंदे भारत ट्रेन के संचलन अवधि में विस्तार, यात्रियन के मिली आराम

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 24, 2024

सारण। छपरा से लखनऊ के बीच संचालित होखे वाली वंदे भारत ट्रेन संख्या 02270/02269 लखनऊ-छपरा-लखनऊ वंदेभारत विशेष गाड़ी के संचलन अवधि में विस्तार कइल गइल बा। एह ट्रेन के संचालन 31 दिसंबर तक होई। जवना

Share

वंदे भारत

सारण। छपरा से लखनऊ के बीच संचालित होखे वाली वंदे भारत ट्रेन संख्या 02270/02269 लखनऊ-छपरा-लखनऊ वंदेभारत विशेष गाड़ी के संचलन अवधि में विस्तार कइल गइल बा। एह ट्रेन के संचालन 31 दिसंबर तक होई। जवना के लेके रेलवे पत्र जारी कइले बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी पत्र जारी करत देले बाड़ें।

वंदे भारत ट्रेन पहिले से तय समय पs संचालित होई। छपरा से चले वाली बंदे भारत के सब कोच कुर्सीयान होई। छपरा रूट से चले वाली ई पहिला आउर एकमात्र वंदे भारत ट्रेन बा। छपरा से लखनऊ जाये खातिर ई ट्रेन बेहतर साबित हो रहल बा।

एह लिंक से देखल जा सकेला ट्रेन के शेड्यूल

एह रूट से होके चली वंदे भारत गाड़ी

ट्रेन संख्या 02270 लखनऊ-छपरा वंदेभारत पूजा विशेष गाड़ी लखनऊ से 14:15 बजे प्रस्थान कs के सुल्तानपुर से 16:07 बजे, वाराणसी से 18:25 बजे, गाजीपुर सिटी से 19:35 बजे, बलिया से 20:25 बजे आ सुरेमनपुर से 20:57 बजे छूटके छपरा 21:30 बजे पहुंची।

इहो पढ़ीं- COP-29: जलवायु वित्त मसौदा के बहिष्कार, विकसित देस मांगल लो 500 अरब डॉलर सालाना; अमीर देसन के इन्कार

वापसी यात्रा में 02269 छपरा-लखनऊ वंदेभारत पूजा विशेष गाड़ी छपरा से 23:00 बजे प्रस्थान कs के सुरेमनपुर से 23:37 बजे, दूसरका दिन बलिया से 00:07 बजे, गाजीपुर सिटी से 01:01 बजे, वाराणसी से 02:35 बजे आ सुल्तानपुर से 04:50 बजे छूटके लखनऊ 06:30 बजे पहुंची। एह गाड़ी में वंदेभारत वातानुकूलित कुर्सीयान श्रेणी के 08 कोच लगावल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.