सबेरे-सबेरे:बाल के जड़ से काला बना देला सरसों के तेल, बस मिला ली इs हरियर पतइ

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 25, 2024

आजकल लोग के बाल कम उमिर से सफेद होखे लागल बा।  अयीसना में लोग बाल के प्राकृतिक रूप से करिया बनावे खातीर अलग-अलग प्रकार के उपाय अपनावेले।  केहु बाल के रंग देवेला तs केहु मेंहदी

Share

Lifestyle

आजकल लोग के बाल कम उमिर से सफेद होखे लागल बा।  अयीसना में लोग बाल के प्राकृतिक रूप से करिया बनावे खातीर अलग-अलग प्रकार के उपाय अपनावेले।  केहु बाल के रंग देवेला तs केहु मेंहदी लगा के बाल के रंग देवेला।  बाजार में अयीसन बहुत उत्पाद मिली जवन कि बाल के करिया कs देवेला बाकिर इs कवनो प्राकृतिक अवुरी स्थायी समाधान नईखे।  बल्कि एs चीज़ में पावल जाए वाला रसायन बाल के अवुरी सफेद कs देवेला।  बेहतर बा कि बाल के करिया बनावे खातिर सरसों के तेल के इस्तेमाल करीं।  एह तेल में कुछ पतई मिला के बाल पs लगा के बाल जड़ से करिया होखे लागेला।  अगर आप भी बाल के समय से पहिले सफेद होखे के चिंता में बानी, तs एक बेर एs तेल के जरूर आजमाईं।

सफेद बाल के काला बनाए वाला तेल

सरसों के तेल- सरसों के तेल बाल के प्राकृतिक रूप से करिया बनावे में मदद करेला।  सरसों के तेल बाल के जड़ के पोषण करेला अवुरी बाल के मजबूत अवुरी चमकदार बनावेला।  सरसों के तेल में एंटीऑक्सीडेंट अवुरी बहुत विटामिन पावल जाला जवन कि बाल खातीर फायदेमंद साबित होखेला।

करी पतइ- हमनी के जवना पतइ के बात करतानी उs करी के पतइ हs, जवन कि बाल के प्राकृतिक रूप से करिया बनावे में मदद करेला।  करी के पतइ बाल के समय से पहिले सफेद होखे से रोकेला।  करी के पतइ में बीटा-कैरोटीन अवुरी प्रोटीन पावल जाला, जवना से बाल के लंबाई बढ़ जाला अवुरी रंग करिया हो जाला।

बाल करिया करे वाला तेल अइसे बनाईं

एह तेल के बनावे खातिर 1 कप सरसों के तेल ले लीं।  एकरा के कड़ाही में डाल के गरम कs लीं।  जब तेल तनी गरम हो जाव तs ओकरा में 15-20 ताजा करी के पतइ डाल दीं।  एह तेल के बहुत कम आगि पs तब ले पकाईं जब ले कि करी के पतई के रंग करिया ना हो जाव।  अब तेल ठंडा कs के छान के साफ बोतल में भर लीं।

करी के पतइ के तेल कईसे लगावल जाला

इs तेल बाल के जड़ पs बढ़िया से लगाई। बाल के धीरे से मालिश करीं।  एकरा बाद तेल के बाल पs करीब 1-2 घंटा ले छोड़ दीं।  कुछ हल्का शैम्पू से बाल धो लीं।  सप्ताह में 2-3 बेर तेल के अयीसन इस्तेमाल करे के पड़ेला। एकरा संगे बाल स्वाभाविक रूप से करिया होखे लागी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.