दिल्ली में फेर ‘गंभीर श्रेणी’ में पहुंचल वायु प्रदूषण, एक्यूआई पहुंचल 400 के पार

Minee Upadhyay
Delhi Air Pollution
- Sponsored Ads-

 

 

राजधानी दिल्ली में वायु प्रदूषण लोग के जान लेबे पs तुलल बा. शनिचर के सबेरे जब लोग जागल तs आसमान में धुंध के मोट परत मिलल। दिल्ली में ग्रेप 4 लागू हो गइल बा। सुप्रीम कोर्ट लगातार केंद्र अवुरी दिल्ली सरकार के डांटत बिया। एकरा बावजूद दिल्ली में वायु प्रदूषण के स्तर में कवनो खास कमी नईखे आईल। राजधानी दिल्ली के एक्यूआई एक बेर फेरु से गंभीर श्रेणी में पहुंच गईल बा। दिल्ली में सीपीसीबी के ओर से एक्यूआई के आंकड़ा सबेरे 8 बजे जारी कईल गईल। एकरा मुताबिक दिल्ली में एक्यूआई 420 दर्ज हो चुकल बा।

दिल्ली में एक्यूआई केतना बा?

- Sponsored Ads-

दिल्ली के अलग-अलग इलाका में अलग-अलग एक्यूआई दर्ज भईल बा। आनंद विहार में 457, अशोक विहार में 455, चांदनी चौक में 439, आरके पुरम में 421 एक्यूआई दर्ज भइल बा जवन गंभीर श्रेणी के संकेत देत बा. बता दीं कि 0-5 एक्यूआई के बढ़िया, 51-100 एक्यूआई के संतोषजनक, 101-200 एक्यूआई के मध्यम, 201-300 के खराब, 301-400 के बहुत खराब मानल जाला अवुरी 401-500 एक्यूआई के गंभीर मानल जाला . जब एक्यूआई एकरा से ऊपर जाला तs ओकरा के बहुत गंभीर के श्रेणी में राखल जाला। धुंध के चलते दिल्ली आवे जाए वाली ट्रेन के भी बहुत समस्या के सामना करे के पड़ता। आनंद विहार टर्मिनल से दानापुर जाए वाली जनसाधरन एक्सप्रेस ट्रेन 661 मिनट के देरी से। जबकि हजर निजामुद्दीन हमसफर एक्सप्रेस 110 मिनट लेट हो गईल। जबकि रुनिचा एक्सप्रेस 24 मिनट लेट चल रहल बा।

बता दीं कि अक्टूबर महीना में एक्यूआई 371 पs दर्ज भइल जवन बहुते खराब श्रेणी के संकेत देत बा. 22 नवंबर के दिल्ली सरकार के पर्यावरण मंत्री गोपाल राय नरेला-सिंघु सीमा पs ग्रेप 4 के नियम के जांच कईले। ग्रेप 4 लागू होखला के बाद बीएस4 पंजीकृत डीजल से चले वाला मध्यम आकार के माल वाहन अवुरी भारी माल के गाड़ी के दिल्ली में प्रवेश पs रोक लगा दिहल गईल बा। दिल्ली में खाली ओह गाड़ियन के घुसे के इजाजत बा जवन जरूरी सामान लेके जात होखे. एकरा बारे में गोपाल राय कहले कि आप सरकार प्रदूषण के स्तर कम करे में लागल बिया। वायु प्रदूषण पैदा करेवाला गाड़ी के दिल्ली में प्रवेश पs रोक बा।

 

 

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।