[the_ad_group id="30365"]

Jio लॉन्च कइलस नया ऑफर, सस्ता प्लान में 50 दिन ले धड़ल्ले से चली इंटरनेट, 1000 रुपिया बची

reliance jio launch 50 days offer
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

रिलायंस जियो समय-समय पs अपना ग्राहकन के हैरान करत रहेला। जियो हमेशा अयीसन ऑफर लेके आवेला जवन कि कवनो अवुरी दूरसंचार कंपनी के नईखे। जियो एक बेर फेरु अइसन ऑफर पेश कइले बा जवना से करोड़ों यूजर के तनाव दूर हो गइल बा. अगर रउवा ज्यादा इंटरनेट के इस्तेमाल करे के बा तs रउवा के जियो के इs प्लान जरूर पसंद आई।

दरअसल, रिलायंस जियो के ओर से अयीसन प्लान पेश कईल गईल बा, जवना में कंपनी अपना यूजर के 50 दिन ले हाई स्पीड डेटा उपलब्ध करावतिया। आईं जियो के नयका रोमांचक ऑफर के बारे में विस्तार से जानीं.

जियो एगो धमाकेदार ऑफर पेश कईलस

रिलायंस जियो अपना ग्राहकन के 5जी एफडब्ल्यूए कनेक्शन दे रहल बा। जियो के इs स्पेशल ऑफर सिर्फ जियो 5जी यूजर खातीर बा। अगर आप जियो 5जी के यूजर नईखी तs शायद आप एs रिचार्ज प्लान के फायदा ना उठा पईब। बता दीं कि जियो पहिले सिर्फ प्रीपेड प्लान पs ध्यान देत रहे, बाकिर अब कंपनी ब्रॉडबैंड सेक्शन में भी नाया ऑफर लेके आईल बा।

सस्ता दाम पs रउरा बढ़िया बढ़िया ऑफर मिल जाई

जियो के आधिकारिक वेबसाइट के मुताबिक अब देश के अधिकांश शहर में जियो एयरफाइबर उपलब्ध बा। कंपनी करीब 7,722 शहर में एयरफाइबर सेवा देले बिया। एs नाया ऑफर के तहत जियो अपना 5जी ग्राहक के 50 दिन खातीर खाली 1111 रुपया में एयर फाइबर कनेक्शन दे रहल बा।

1000 रुपया के बचत होई

टेलीकॉम टॉक के रिपोर्ट के मुताबिक रिलायंस जियो अपना 5जी यूजर के एयरफाइब कनेक्शन दे रहल बा। रिपोर्ट के मुताबिक जियो एकरा खातीर ग्राहक के मैसेज भी भेज रहल बा। मैसेज में बतावल गईल बा कि एयर फाइबर के कनेक्शन सिर्फ 1111 रुपया में 50 दिन खातीर बुक कs सकतारे। खास बात इs बा कि जियो ग्राहक के एयरफाइबर के मुफ्त इंस्टॉलेशन दे रहल बा।

बता दीं कि रिलायंस जियो एयर फाइबर कनेक्शन लगावे खातिर 1000 रुपया लेता, बाकिर अब कंपनी एयर फाइबर कनेक्शन बिना एको पईसा लिहले मुफ्त में दे रहल बिया। मतलब मुफ्त कनेक्शन लेके 1000 रुपया के बचत कs सकेनी अवुरी 50 दिन ले हाई स्पीड इंटरनेट के आनंद ले सकतानी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]