हिजबुल्लाह इजरायल पs दगलस 250 रॉकेट, सात लो घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 25, 2024

  हिजबुल्लाह एक बेर फेरु इजरायल पs बड़हन हमला कs दिहले बा. अतवार के दिने हिजबुल्लाह करीब 250 रॉकेट आ अउरी हथियार से इजरायल पs हमला कइलस. एह हमला में नाहियो तs सात जने घवाहिल

Share

hezbollah missile attack

 

हिजबुल्लाह एक बेर फेरु इजरायल पs बड़हन हमला कs दिहले बा. अतवार के दिने हिजबुल्लाह करीब 250 रॉकेट आ अउरी हथियार से इजरायल पs हमला कइलस. एह हमला में नाहियो तs सात जने घवाहिल हो चुकल बाड़े. हिजबुल्लाह के ई हमला पिछला कई महीना में भइल सबले जानलेवा हमला बा काहे कि कुछ रॉकेट इजरायल के बीचोबीच तेल अवीव इलाका में चहुँप गइल बाड़े.

सात लोग के इलाज भईल

हिजबुल्लाह के एह हमला के बारे में इजरायल के ‘मैगन डेविड एडोम’ बचाव सेवा कहलस कि ऊ इजरायल पs मैगन हिजबुल्लाह के हमला में घायल सात लोग के इलाज कइले बा. बता दीं कि युद्धविराम के वार्ताकारन हिजबुल्लाह के बीच बेरूत में इजरायली जानलेवा हमला के जवाब में हिजबुल्लाह ई हमला कइलस. ओने लेबनान के सेना के कहल बा कि अतवार के दिने इजरायली हमला में एगो लेबनानी जवान के मउत हो गइल जबकि 18 जने घवाहिल हो गइल बाड़े. इजरायली सेना एह घटना पs अफसोस जतवलस आ कहलस कि ई हमला हिजबुल्लाह के खिलाफ युद्ध क्षेत्र में भइल बा आ सेना के ई अभियान खाली चरमपंथी लोग के खिलाफ बा.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.