[the_ad_group id="30365"]

25 हजार के इनामी बदमाश गिरफ्तार : छपरा के सोनपुर में घेराबंदी कs के पुलिस पकड़लस, लूट, हत्या, सहित कइयन गो ममिला बा दर्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण के कुख्यात आ हिस्ट्रीशीटर के पकड़े में पुलिस सफलता हासिल कइले बिया। गिरफ्तार अपराधी के पहचान दरियापुर थाना क्षेत्र के बेला गांव निवासी ऋतुराज तिवारी उर्फ दीपू पिता राम इकबाल तिवारी के रूप में भइल बा। ओकरा ऊपर पुलिस मुख्यालय 25 हजार रुपिया के इनाम रखले बा।

ऋतुराज के गिरफ्तारी पुलिस खातिर बड़ सफलता मानल जा रहल बा। ओकरा पs अलग-अलग थाना में कइयन गो ममिला दर्ज बा। हत्या, लूट, अपहरण, रंगदारी सहित कइयन गो संगीन ममिला दर्ज बा। ऋतुराज के गिरफ्तारी एसटीएफ विशेष योजना के तहत कइलस। एसआईटी आ एसटीएफ दरियापुर थाना के इनाम के राशि दिहल जाई।

घेराबंदी कs के पुलिस पकड़लस 

कुख्यात अपराधी के गिरफ्तारी के जानकारी एसपी गौरव मंगला प्रेस रिलीज के माध्यम से देले बाड़ें। छोटे लाल के गिरफ्तारी सोनपुर थाना क्षेत्र से भइल बा। ओकरा खिलाफ दरियापुर थाना में प्राथमिकी दर्ज करत न्यायिक हिरासत में भेजे के तइयारी कइल जा रहल बा।

छोटे लाल राय के गिरफ्तारी दरियापुर थाना पुलिस आ एएलटीएफ टीम के ओर से कइल गइल बा। शराब के छापेमारी के दौरान पुलिस के सूचना मिलल कि कुख्यात ऋतुराज उर्फ दीपू सोनपुर स्टेशन पs मवजूद बा। जवना के बाद घेराबंदी करत गिरफ्तारी कइल गइल।

गिरफ्तार बदमाश के आपराधिक इतिहास

1. दरियापुर थाना कांड संख्या-476/19, धारा-307/324/341/323/379 भा0द0वि0 |

2. दरियापुर थाना कांड संख्या-505/21, धारा- 392/411 भा0द0वि0 |

3. दरियापुर थाना कांड संख्या-553/23, धारा- 399/402/411/420 भा0द0वि0 आ 25 (1-b)a/26/35 आर्म्स एक्ट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]