Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Jammu: पांच जवानन के शहादत के बाद जम्मू पहुचिहें रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, सैन्य अभियानन के करिहें समीक्षा

उत्तरी सेना के कमांडर लेफ्टिनेंट जनरल उपेंद्र द्विवेदी राजौरी के कांडी में चल रहल अभियानन के परिचालन इस्थिति के समीक्षा करे खातिर ग्राउंड जीरो पs बा, जहां उग्रवादियन के संगे फेर से संपर्क स्थापित कइल गइल रहे। उनका के ग्राउंड कमांडरन द्वारा ऑपरेशन के सब पहलुअन के जानकारी दिहल गइल।

665

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह सेना प्रमुख जनरल मनोज पांडे के संगे जम्मू सेक्टर में सुरक्षा स्थिति के समीक्षा खातिर जम्मू के दौरा करिहें। सुक के राजौरी के कंडी इलाका में भइल मुठभेड़ में 5 जवानन के जान चल गइल रहे।

रक्षा सूत्रन के मोताबिक, उत्तरी सेना के कमांडर लेफ्टिनेंट जनरल उपेंद्र द्विवेदी राजौरी के कांडी में चल रहल अभियानन के परिचालन इस्थिति के समीक्षा करे खातिर ग्राउंड जीरो पs बाड़े जहां आतंकियन  के संगे फेर से संपर्क स्थापित कइल गइल रहे। उनका के ग्राउंड कमांडरन द्वारा ऑपरेशन के सब पहलुअन के जानकारी दिहल गइल।

538000cookie-checkJammu: पांच जवानन के शहादत के बाद जम्मू पहुचिहें रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, सैन्य अभियानन के करिहें समीक्षा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.