[the_ad_group id="30365"]

Wrestlers Protest: गीता फोगाट अउर उनकर पति के दिल्ली पुलिस कइलस गिरफ्तार, इ रहल बड़हन वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली पुलिस गुरुवार के भारत के कुश्ती महासंघ के प्रमुख बृज भूषण शरण सिंह के खिलाफ धरना पे बईठल पहलवान के प्रवेश पे रोक लगा देलस। जंतर मंतर में साक्षी मलिक, विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया प्रेस कांफ्रेंस कइलन बाकिर पुलिस पहलवानन के विरोध स्थल में ना घुसे दिहलस।

विनेश के चचेरी बहिन आ विश्व चैम्पियनशिप पदक विजेता रहल आ साल 2010 के राष्ट्रमंडल खेलन के स्वर्ण पदक विजेता गीता फोगाट ट्वीट कइली कि उनुका आ उनुका पति के पुलिस हिरासत में ले लिहले बिया। उ अपना पति के संगे जंतर मंतर में पहलवानन से मिले जात रहली। एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी बतवले कि जहांगीरपुरी के नजदीक गीता फोगाट समेत दु से तीन लोग के हिरासत में लिहल गईल बा अवुरी ओ लोग के छोड़े के प्रक्रिया जारी बा।

एगो वीडियो फुटेज में गीता पुलिसकर्मी से घिरल बाड़ी अवुरी उ अपना चचेरा भाई से मिले के अनुमति मांगतारी। बजरंग बुध के रात किसानन आ आम जनता से जंतर मंतर पे जुट के आपन समर्थन देखावे के गोहार लगवला के बाद से विरोध स्थल के लगे भारी पुलिस बल तैनात बा। बुधवार के रात के करीब 11 बजे जंतर मंतर पे विरोध करत पहलवानन के संगे झगड़ा हो गईल जब उ लोग रात के आराम खातीर तह खाट लेके आवत रहले अवुरी कथित तौर पे ड्यूटी पे मौजूद पुलिसकर्मी पूछताछ करे लगले।

आखिर काहे पहलवान करततारे धरना?

बजरंग पुनिया, साक्षी मलिक, विनेश फोगाट जईसन नामी पहलवान जंतर मंतर पे डब्लूएफआई के अध्यक्ष बृज भूषण सिंह के विरोध करत बाड़े। उ बृज भूषण पे महिला पहलवान के संगे यौन उत्पीड़न के आरोप लगवले बाड़े। कुश्ती महासंघ के अध्यक्ष के खिलाफ भी दू गो प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा। पहलवानन के कहना बा कि जबले बृज भूषण शरण सिंह गिरफ्तार ना हो जाई तबले विरोध करीहें।

साभार- नव भारत टाइमस्

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]