[the_ad_group id="30365"]

कोरोना खत्म!: कोविड अब ग्लोबल हेल्थ इमरजेंसी नईखे, WHO जनवरी 2020 में कइले रहे एलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

विश्व स्वास्थ्य संगठन (डब्ल्यूएचओ) कोविड-19 के वैश्विक स्वास्थ्य आपातकाल के अंत के घोषणा कईले बा। इहो कहल गइल कि एकर मतलब ई नइखे कि कोविड-19 खतम हो गइल बा। बता दीं कि 30 जनवरी 2020 के डब्ल्यूएचओ कोविड के ग्लोबल हेल्थ इमरजेंसी घोषित क देले रहे।

पिछला हफ्ता कोरोना के चलते हर तीन मिनट में एक आदमी के मौत हो गईल रहे

डब्ल्यूएचओ के महानिदेशक डॉ. टेड्रोस कोविड-19 आ वैश्विक स्वास्थ्य मुद्दा पे मीडिया ब्रिफिंग के संबोधित करत ई एलान कइलन। ब्रिफिंग के दौरान टेड्रोस बतवले कि पछिला सप्ताह हर तीन मिनट में कोरोना के चलते एक आदमी के मौत हो गईल। दुनिया भर में आईसीयू में अबहियों हजारों लोग आपन जान बचावे खातिर लड़त बाड़े।

डब्ल्यूएचओ के लगे करीब 70 लाख लोग के मौत के आंकड़ा बा

डब्ल्यूएचओ के महानिदेशक के मुताबिक चीन में कोरोना के प्रकोप के 3 साल में हमनी के दुनिया बदल देले बा। लगभग 70 लाख लोग के मौत के खबर डब्ल्यूएचओ के मिलल बा। बाकिर हमनी के त जानते बानी जा कि ई संख्या कम से कम दू करोड़ से कई गुना अधिका बा।

 

कोरोना वायरस के 11 मार्च 2020 के वैश्विक महामारी घोषित कइल गइल

कोरोना के पहिला मामला दिसंबर 2019 में चीन में पहिला बेर पावल गईल रहे। धीरे-धीरे ई वायरस दुनिया भर के दोसरा देशन में तेजी से फइलल शुरू हो गइल। एकरा के देखत डब्ल्यूएचओ 30 जनवरी 2020 के अंतर्राष्ट्रीय चिंता के जनस्वास्थ्य आपातकाल के घोषणा कईलस। एही समय 11 मार्च 2020 के कोरोना के वैश्विक महामारी घोषित क दिहल गइल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]