भारत के खालिस्तानी समर्थकन के खिलाफ कड़ा एक्शन, कनाडा के सांसद समेत कइयन लोगन के ट्विटर अकाउंट बैन
भारत में कइयन गो खालिस्तान समर्थकन के ट्विटर अकाउंट्स के ब्लॉक कइल गइल बा। एमे कनाडा में सांसद आ न्यू डेमोक्रेटिक पार्टी के नेता जगमीत सिंह के ट्विटर अकाउंटो सामिल बा। ई डेग अइसन समय में उठावल गइल बा जब अलग-अलग देसन में एह खालिस्तान समर्थकन द्वारा हमला बढ़ गइल बा।
भारत में कइयन गो खालिस्तान समर्थकन के ट्विटर अकाउंट्स के ब्लॉक कs दिहल गइल बा। एमे कनाडा में सांसद आ न्यू डेमोक्रेटिक पार्टी के नेता जगमीत सिंह के ट्विटर अकाउंटो सामिल बा। संगही कनाडाई कवयित्री रूपी कौर, स्वयंसेवी संगठन यूनाइटेड सिख आ कनाडा निवासी कार्यकर्ता गुरदीप सिंह सहोटा के ट्विटर अकाउंटन के ब्लॉक कs दिहल गइल बा।
जगमीत सिंह के अकाउंट कइल गइल ब्लॉक
भारत से जदि केहू एह ट्विटर अकाउंट्स के एक्सेस करे के कोसिस करत बा तs ई प्रदर्शित होता कि ओकरा के कानून सम्मत मांग के तहत ब्लॉक कs दिहल गइल बा। जगमीत सिंह के अकाउंट के ब्लॉक कइल गइल उल्लेखनीय बा काहेकि ऊ अपना भारत विरोधी टिप्पणियन खातिर जानल जाले। ई डेग अइसन समय में उठावल गइल बा जब अलग-अलग देसन में एह खालिस्तान समर्थकन द्वारा हमला बढ़ गइल बा।
खालिस्तान समर्थकन कइले रहले सs भारतीय उच्चायोग में तोड़फोड़
मालूम होखे कि खालिस्तान समर्थक अतवार के लंदन में भारतीय उच्चायोग में तोड़फोड़ कइले रहले सs। एकरा बाद खालिस्तान समर्थक कथित रूप से सैन फ्रान्सिसको में भारतीय वाणिज्य दूतावास पs हमला बोलले रहले सs। बता दीं कि खालिस्तान समर्थकन द्वारा लंदन में भारतीय उच्चायोग में तोड़फोड़ करे आ इमारत से भारतीय ध्वज के हटावे के ममिला में एगो व्यक्ति के गिरफ्तार कइल गइल बा।
भारत दर्ज करवले रहे विरोध
एकरा पहिले भारत सोमार के अमेरिका के सैन फ्रांसिस्को में भारत के महावाणिज्य दूतावास पs हमला के कड़ा विरोध दर्ज करवले रहे। अमेरिकी प्रभारी के तलब करत संपत्ति के तोड़फोड़ पs कड़ा विरोध व्यक्त कइल गइल रहे। बिदेस मंत्रालय एगो बयान में कहलस अमेरिकी सरकार के राजनयिक प्रतिनिधित्व के रक्षा आ सुरक्षा करे के अपना मूल दायित्व के याद दिलावल गइल रहे। एह तरे के घटनन के पुनरावृत्ति के रोके खातिर उचित उपाय करे खातिर कहल गइल।
साभार: दैनिक जागरण
Comments are closed.