[the_ad_group id="30365"]

दिग्गज अभिनेता सुनील शेंडे के निधन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हिंदी आ मराठी फिल्मन के जानल-मानल दिग्गज अभिनेता सुनील शेंडे के निधन हो गइल बा। रिपोर्ट्स के मोताबिक, अभिनेता मुंबई में विले पार्ले पूर्व इस्थित अपना घर प रात के एक बजे के करीब अंतिम सांस लेलें। धारावाहिक शांति में सुनील शेंडे के बेटा के किरदार निभावे वाला एक्टर राजेश तैलंग अभिनेता के निधन के जानकारी देत लिखलें- एगो महान कलाकार आ बेहतरीन इंसान। श्री सुनील शेंडे ना रहनीं। हमार किस्मत अच्छा बा कि शांति धारावाहिक में उनका संगे काम क सकनी। हम उनका बेटा के रोल निभवले रहस। बाबूजी, सादर श्रद्धांजलि। ‘

सुनील शेंडे के निधन के खबर सामने आवतही मनोरंजन जगत में शोक के लहर फइल गइल बा।

दिग्गज अभिनेता सुनील शेंडे बॉलीवुड में ‘गांधी’, ‘वास्तव’ आ ‘सरफरोश’ जइसन कइयन लोकप्रिय फिल्मन में अभिनय कइल गइल रहे। एकरा अलावे ऊ मराठी के ‘जस बाप ताशे पोरम’, ‘ईश्वर’, ‘नरसिम्हा’, ‘काथुंग’ आ ‘मधुचंद्राची रात’ जइसन फिल्मन में काम कइले रहस। एतनही ना सुनील शेंडे हिंदी टीवी शो ‘सर्कस’ में सुपरस्टार शाहरुख खान के पिता के किरदार निभवले रहस। सुनील शेंडे के निधन मनोरंजन जगत के अपूरणीय क्षति बा। शेंडे अपना पीछे पत्नी ज्योति आ दु बेटा ऋषिकेश आ ओमकार के छोड़ गइल बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]