Gorakhpur News: जनार्दन के लक्ष्मण, ज्योति के मिली रानी लक्ष्मीबाई पुरस्कार

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 24, 2023

उत्तर प्रदेश दिवस के अवसर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के ओर से पूर्वोत्तर रेलवे के दु गो खिलाड़ियन के 24 जनवरी के खेल पुरस्कार प्रदान कइल जाई। प्रदेश सरकार द्वारा पूर्वोत्तर रेलवे के कुश्ती कोच (फ्री

Share

उत्तर प्रदेश दिवस के अवसर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के ओर से पूर्वोत्तर रेलवे के दु गो खिलाड़ियन के 24 जनवरी के खेल पुरस्कार प्रदान कइल जाई। प्रदेश सरकार द्वारा पूर्वोत्तर रेलवे के कुश्ती कोच (फ्री स्टाइल) जनार्दन सिंह यादव के लक्ष्मण पुरस्कार आ हैंडबॉल खिलाड़ी ज्योति शुक्ला के रानी लक्ष्मीबाई पुरस्कार खातिर नामित कइल गइल बा।

जनार्दन सिंह यादव अंतरराष्ट्रीय स्तर पs 1992 में विश्व कुश्ती चैंपियनशिप में पांचवां स्थान आ 2003 में कजाकिस्तान में आयोजित एशिया कप में चौथा स्थान हासिल कइलें। एही क्रम में राष्ट्रीय स्तर पs 1989 में नेशनल चैंपियनशिप में स्वर्ण पदक, सीनियर नेशनल चैंपियनशिप में 2000 आ 2003 में रजत पदक आउर 2001 में कांस्य पदक पs कब्जा जमवलें। एकरा अतिरिक्त 2006 में यश भारती पुरस्कार आ 2000, 2001 आ 2003 में 03 बार उत्तर प्रदेश केसरी प्रतियोगिता में स्वर्ण पदक हासिल कइल गइल बा।

हैंडबॉल खिलाड़ी ज्योति शुक्ला चौथा क्लब लीग चैंपियनशिप में प्रतिभाग कइली। 2018 में जकार्ता में आयोजित 18वां एशियन गेम्स आ जापान में आयोजित 17वां एशियन चैंपियनशिप में देस के प्रतिनिधित्व कइलें। 2019 में 13वां साउथ एशियन गेम्स, नेपाल में स्वर्ण पदक आ 2022 में 19वां एशियन चैंपियनशिप, कोरिया में देस के प्रतिनिधित्व करत उम्दा प्रदर्शन कइली।

पूर्वोत्तर रेलवे क्रीड़ा संघ के अध्यक्ष योगेश मोहन, महासचिव पंकज कुमार सिंह, हैंडबॉल सचिव कृष्ण चन्द्र सिंह, कुश्ती सचिव जय प्रकाश सिंह, सहायक क्रीड़ा अधिकारी एवं कुश्ती के मुख्य कोच चंद्र विजय सिंह आ महिला हैंडबॉल टीम के कोच अरविन्द कुमार यादव दुनों खिलाड़ियन के बधाई दिहल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.