राज्य स्तरीय खेल-कूद प्रतियोगिता में सोनम आ अंशिका चौरसिया के स्वर्ण पदक पs कब्जा

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 5, 2024

गोरखपुर। लखनऊ में आयोजित राज्य स्तरीय खेल-कूद प्रतियोगिता में जय प्रकाश नारायण सर्वोदय बालिका विद्यालय अनंतपुर सहजनवां के तीन गो छात्रा बेहतर प्रदर्शन कs के पदक अपना नावे कइल लो। एकरा संगही मंडल के ओवर

Share

सोनम आ अंशिका चौरसिया के हासिल भइल स्वर्ण पदक

गोरखपुर। लखनऊ में आयोजित राज्य स्तरीय खेल-कूद प्रतियोगिता में जय प्रकाश नारायण सर्वोदय बालिका विद्यालय अनंतपुर सहजनवां के तीन गो छात्रा बेहतर प्रदर्शन कs के पदक अपना नावे कइल लो। एकरा संगही मंडल के ओवर ऑल चैम्पियन के ट्राॅफी से नवाजल गइल।

समाज कल्याण विभाग के ओर से लखनऊ के केडी सिंह बाबू स्टेडियम में एक से तीन दिसंबर तक आयोजित राज्य स्तरीय खेल-कूद प्रतियोगिता आयोजित कइल गइल रहे। एमे विभाग के ओर से संचालित 84 विद्यालयन के छात्र आ छात्रा प्रतिभाग कइल लो। मंडलीय प्रतियोगिता में व्यायाम शिक्षक महेश प्रताप सिंह के मार्गदर्शन में चार गो छात्रा के चयन भइल रहे। कक्षा सात के छात्रा सोनम कुमारी कबड्डी में स्वर्ण पदक, कक्षा सात के अंशिका चौरसिया 200 मीटर दउड़ में स्वर्ण पदक आ कक्षा छव के अंजली पाल 400 मीटर दउड़ में कांस्य पदक अपना नावे कइली।

इहो पढ़ीं: सारण : छपरा में दुगो साथियन के संगे पुलिस के हत्थे चढ़ल कुख्यात गोधन सिंह, दुगो देसी कट्टा जब्त

एह उपलब्धि पs उपनिदेशक महोदय समाज कल्याण सुरेश चंद्र, जिला समाज कल्याण अधिकारी वशिष्ठ नारायण सिंह आ प्रधानाचार्य राकेश छात्रा लोगन के उपलब्धियन पs बधाई देत उज्जवल भविष्य के कामना कइल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.