Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी विधानमंडल सत्र अनिश्चितकाल खातिर स्थगित, दुनो सदनन से 690242.43 करोड़ रुपिया के बजट पास

विधानसभा अध्यक्ष सतीश महाना होली के शुभकामना के संगे सदन के कार्यवाही अनिश्चितकाल खातिर स्थगित करे के घोषणा कइलें। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सब विधायकन के संगे विधानसभा के मुख्य द्वार पs एक संगे फोटो करववले।

1,948

विधानसभा में सुक के प्रदेश सरकार द्वारा वित्तीय वर्ष 2023-24 खातिर पेश 690242.43 करोड़ रुपिया के आम बजट के विधानमंडल के दुनो सदन सर्वसम्मति से पास कs देलस। एकरा संगही विधानमंडल के कार्यवाही के अनिश्चितकाल खातिर स्थगित कs दिहल गइल। विधानसभा अध्यक्ष सतीश महाना आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सब विधायकन के संगे विधानसभा के मुख्य द्वार पs एक संगे फोटो करववले।

बता दीं कि 18वीं विधानसभा के बजट सत्र के सुरुआत 20 फरवरी के राज्यपाल के अभिभाषण के संगे भइल रहे। प्रदेश के अर्थव्यवस्था के 10 खरब डॉलर के बनावे के संकल्प के संगे वित्तमंत्री सुरेश खन्ना 22 फरवरी के 690242.43 करोड़ के आम बजट पेश कइलें रहस। बजट में कवनो नया कार ना प्रस्तावित कइल गइल। बजट में नया योजनन खातिर 32 हजार 721 करोड़ 96 लाख रुपिया के प्रावधान कइल गइल बा। ओहिजा, बजट में 84,833.16 करोड़ रुपिया के राजकोषीय घाटा के अनुमान लगावल गइल बा।

11 दिन चलल बजट सत्र, खाली 36 मिनट स्थगित रहल कार्यवाही

20 फरवरी के सुरू विधानसभा के कार्यवाही कुल 11 दिन चलल। विधानसभा अध्यक्ष सतीश महाना बतवलें कि 18वीं विधानसभा के ई चउथा सत्र रहे। एमे कुल 83.38 घंटा सदन के कार्यवाही चलल। जेमे खाली 36 मिनट तक सदन के कार्यवाही स्थगित रहल।

विधानसभा के लिफ्टमैन के मिली 3 हजार भत्ता

विधानसभा के कार्यवाही समाप्ति से पहिले संसदीय कार्यमंत्री सुरेश खन्ना सदन में लिफ्टमैनन के होली के 3 हजार रुपिया के विशेष भत्ता देवे के घोषणा कइलें। संगही ऊ पिछला साल मुख्यमंत्री के घोषणा के मोताबिक अबकियो बेर सत्र के सफल आयोजन करावे वाला विधानसभा के कर्मचारियन आ सुरक्षाकर्मियन के पौष्टिक भत्ता देवे के एलान कइलें।

475420cookie-checkयूपी विधानमंडल सत्र अनिश्चितकाल खातिर स्थगित, दुनो सदनन से 690242.43 करोड़ रुपिया के बजट पास

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.