पंडित राम प्रसाद बिस्मिल बलिदानी मेला अउर खेल महोत्सव के आयोजन पांच दिसंबर से शुरू होई। भारतीय संस्कृति अउर राष्ट्रभक्ति से ओतप्रोत एह आयोजन में चंद्रशेखर आजाद अउर अशफाक उल्ला खान के प्रपौत्र विशेष मेहमान होइहें। ई जानकारी अखिल भारतीय क्रांतिकारी संघर्ष मोर्चा के अध्यक्ष बृजेश राम त्रिपाठी देहलें।
उ बतवलें कि 25 दिसंबर के भारत रत्न पंडित मदन मोहन मालवीय के जन्मदिन ह। एही दिन पुरस्कार वितरण के साथ कार्यक्रम संपन्न होई। ऊ बतवलें कि कानपुर, लखनऊ, अयोध्या, गोंडा, बलिया, आजमगढ, मऊ, वाराणसी, प्रयागराज, गोरखपुर, देवरिया, कुशीनगर, महराजगंज, बस्ती, सिद्धार्थनगर, संतकबीरनगर में बिस्मिल बलिदानी मेला आयोजन समिति में विशिष्टजन के जोड़ल जा रहल बा। सब लोग 19 दिसंबर के गोरखपुर मंडलीय कारागार के कार्यक्रम में शामिल होइहें।
एह खेल के होई आयोजन
बिस्मिल के अंत्येष्टि स्थल राप्ती नदी के राजघाट तट पर रेत से सैंड स्क्लपचर (रेत शिल्प आकृति) बनी। हॉकी, कबड्डी, कुश्ती अउर वॉलीबॉल जइसन गांव के माटी से जुड़ल भारतीय खेल आयोजित होई। एकरे अलावा शौर्य अउर वीरता, साहित्य, कला, संस्कृति अउर सांस्कृतिक कार्यक्रम होई।
आकर्षण के केंद्र ‘एक दिया बिस्मिल के नाम’ मातृभूमि पूजन, सामूहिक शंखनाद अउर भारत माता आरती, मशाल जुलूस के साथ तिरंगा चेतना यात्रा, देशभक्ति गीत पर एकल अउर सामूहिक नृत्य अउर गायन, रंगोली, देश के विविध परिधान पर आधारित दुल्हन अउर मेहंदी सजाओ प्रतियोगिता, स्केचिंग अउर पेंटिंग प्रतियोगिता, पुष्पांजलि स्वरांजलि श्रद्धांजलि कार्यक्रम आकर्षण के केंद्र होई।