[the_ad_group id="30365"]

गूगल पे यूजर्स भूलके फोन में मत डाउनलोड करीं एह Apps, नाहीं तs बैंक अकाउंट हो जाइ खाली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगर रउरा गूगल पे के इस्तेमाल करत बानी तs सावधान रहे के चाहीं। असल में भारत में गूगल पे काफी लोकप्रिय बा। लेकिन जदी आप फोन में गूगल पे ऐप डाउनलोड कईले बानी अवुरी ओकरा माध्यम से लेनदेन करतानी, तs फोन में स्क्रीन शेयर ऐप के इस्तेमाल से बचे के चाही। काहे कि स्क्रीन शेयरिंग ऐप के मदद से आपके बैंक खाता खाली हो सकता।

 

स्क्रीन शेयरिंग ऐप का होला?

स्क्रीन शेयरिंग ऐप के मदद से फोन के स्क्रीन के दोसरा के साझा कईल जा सकता। मतलब कि आपके फोन के स्क्रीन पs जवन होखता ओकरा के पता लगावल जा सकता। आमतौर पs स्क्रीन शेयरिंग ऐप के इस्तेमाल फोन, टैबलेट चाहे लैपटॉप के रिमोटली फिक्स करे खातीर कईल जाला, लेकिन नाया खुलासा में दावा कईल गईल बा कि स्क्रीन शेयरिंग ऐप के मदद से ऑनलाइन धोखाधड़ी कईल जा सकता। बता दीं कि वर्तमान में Screen Share, AnyDesk अवुरी TeamViewer जईसन स्क्रीन शेयरिंग ऐप काफी लोकप्रिय बा।

स्क्रीन शेयरिंग ऐप के इस्तेमाल काहे ना करे के चाही

स्क्रीन शेयरिंग ऐप के माध्यम से घोटालाबाज आपके डिवाइस पs नियंत्रण पा रहल बाड़े। एकरा मदद से आप आपन एटीएम अवुरी डेबिट कार्ड के डिटेल के बारे में जानकारी पा सकतानी। संगही फोन में आवे वाला ओटीटी अवुरी पईसा के लेनदेन पs भी नजर राखी।

 हो सके तs ऐप के अनइंस्टॉल करीं

अयीसना में गूगल चेतावनी देले बा कि गूगल पे यूजर के थर्ड पार्टी स्क्रीन शेयरिंग ऐप डाउनलोड चाहे इंस्टॉल करे से बचे के चाही। अगर रउआ गूगल पे से पहिले ए ऐप के इस्तेमाल कईले रहनी तs एक बेर एकरा के देख लेवे के होई कि स्क्रीन शेयरिंग ऐप पूरा तरीका से बंद बा कि ना। गूगल के कहनाम बा कि जदी जरुरी ना होखे तs गूगल पे यूजर के तुरंत फोन से ए ऐप के हटावे के चाही।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]