Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष सोनिया गांधी अस्पताल में भइली एडमिट

300

कांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष सोनिया गांधी बुध के रूटीन चेकअप खातिर अस्पताल में भर्ती भइली। उनके दिल्ली के सर गंगा राम अस्पताल में भर्ती करावल गइल। सूत्रन के कहनाम बा कि सोनिया गांधी के बेटी प्रियंका गांधी भी उनके साथ अस्पताल में मौजूद रहल। रिपोर्ट के मुताबिक, सोनिया गांधी सांस से सम्बंधित संक्रमण से जूझ रहल बानें।

सूत्र के कहनाम बा कि सोनिया गांधी के तबियत मंगर से ही ठीक नाइ रहल, जेकरे वजह से राहुल गांधी अउर प्रियंका गांधी भारत जोड़ो यात्रा में सात किलोमीटर चलले के बाद ही दिल्ली लौट आइल रहनें।

मालूम होखे कि सोनिया गांधी चार सितंबर के कर्नाटक में भारत जोड़ो यात्रा में शामिल भइल रहली। एह दौरान ऊ राहुल गांधी के संगे पदयात्रा भी कइले रहलें। पदयात्रा के दौरान राहुल गांधी कब्बो अपने माई के कंधा पर हाथ रखल नजर आइल रहनें, त कब्बो ऊ माई के जूता के फीता खुलले के बाद उनके बान्हत नजर अइलें।

सोनिया गांधी के जूता के फीता बांधे वाली फोटो सोशल मीडिया पs काफी वायरल भइल रहे। कांग्रेस नेता शशि थरूर भी एह फोटो के शेयर कइलें। ऊ लिखनें, माई त माई होली, उनकर कौनो तोड़ नइखे हो सकत।

431650cookie-checkकांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष सोनिया गांधी अस्पताल में भइली एडमिट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.