[the_ad_group id="30365"]

Kerala: पीएम मोदी पs केरल यात्रा के दौरान आत्मघाती हमला के धमकी, BJP कार्यालय भेजल गइल चिट्ठी, पुलिस जांच सुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के पूर्व पीएम राजीव गांधी के तरे बम से उड़ावे के धमकी मिलल बा। मोदी सोमार के दु दिवसीय केरल यात्रा पs जाये वाला बा। एह बीच एगो धमकी भरल पत्र मिलल बा, जेमे लिखल बा कि पीएम मोदी के राजीव गांधी के तरे बम से उड़ावल जाई। एह धमकी भरल पत्र के सूचना पs पुलिस आ सुरक्षा एजेंसी जांच सुरू कs देले बा।

बतावल जा रहल बा कि भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष के सुरेंद्रन के कार्यालय में कोच्चि के एगो व्यक्ति द्वारा कथित रूप से मलयालम में लिखल गइल पत्र प्राप्त भइल रहे। ऊ एह पत्र के पिछला हफ्ता पुलिस के सउप दिहल गइल रहे।

पुलिस के पूछताछ जारी

पुलिस पत्र के जांच सुरू कइलस तs ओमे एनके जॉनी नाम के एगो व्यक्ति के पता लिखल गइल रहे। पुलिस कोच्चि के मूल निवासी जॉनी से पूछताछ कइलस तs ऊ पत्र लिखल जाये से इनकार कs दिहल गइल रहे। हालांकि जॉनी एगो व्यक्ति पs आरोप लगवलें, जे ओकरा खिलाफ द्वेष रखत बा।

जॉनी कहलें कि पुलिस उनका लिखावट से पत्र के मिलान कइले बिया। एसे साफ बा कि पत्र के पीछे ऊ ना रहे। ऊ कहलस कि हो सकत बा कि धमकी के पीछे कवनो अइसन व्यक्ति होखे जवन द्वेष रखता होखे। हम ओह लोगन के नाम साझा कइले बानी जेकरा पs जेकरा पs हमरा शक बा।

सुरेंद्रन पुलिस के आलोचना कइलें 

एह बीच, भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष के सुरेंद्रन प्रधानमंत्री के यात्रा से संबंधित वीवीआईपी सुरक्षा योजना के लीक करे खातिर राज्य पुलिस के आलोचना कइलें बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]