[the_ad_group id="30365"]

Turkey Earthquake: भीषण तबाही के बीच तुर्की में फेर महसूस कइल गइल भूकंप के झटका, तीव्रता 5.5 मापल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तुर्की में भीषण तबाही के बीच एक बेर फेर भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। मंगर के सबेरे आइल झटकन के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 5.5 मापल गइल। यूएस जियोलॉजिकल सर्वे के वेबसाइट के मोताबिक मंगरो के भूकंप के बड़ झटका तुर्की में महसूस कइल गइल बा। वेबसाइट के मोताबिक, ई झटका सबेरे करीब पौने नव बजे दर्ज कइल गइल, जवना के रिक्टर स्केल पs तीव्रता 5.5 रहल। भूकंप में मरे वाला लोगन के कुल आंकड़ा बढ़के 4300 के पार पहुंच गइल बा। ओहिजा, सीरिया में भूकंप से भइल तबाही से अभी तक 1444 लोगन के मौत के पुष्टि भइल बा। भूगर्भ वैज्ञानिकन के कहनाम बा कि बड़ भूकंप के झटकन के बादो तुर्की आ सीरिया के सीमाई इलाकन में करीब 100 भूकंप के झटका महसूस कइल गइल

सोमार के आइल भूकंप के झटकन से तुर्की आ सीरिया में करीब चार हजार से जादे इमारत ध्वस्त हो गइल बा। जेमे दबके बड़ संख्या में लोगन के मौत हो गइल बा। डब्लूएचओ के वरिष्ठ अधिकारियन के अनुमान बा कि एह भूकंप में 20 हजार से जादे लोगन के जान गइल बा। राहत आ बचाव के काम जारी बा आ भारत समेत दुनिया के कइयन देस ने तुर्की के मदद खातिर हाथ बढ़वले बा। भारत एनडीआरएफ के दु गो टीम डॉग स्कवाडय के संगे तुर्की रवाना कइले बा।।एकरा अलावे मेडिकल सप्लाइयो भेजल गइल बा।

तुर्की में आइल भूकंप के बाद नीदरलैंड के एगो वैज्ञानिक के ट्वीट सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। दरअसल एह ट्वीट में वैज्ञानिक तुर्की में बड़ भूकंप आवे के चेतावनी देले रहस, जवन कि सांच साबित भइल। डच वैज्ञानिक फ्रैंक हूजरबीट्स, सोलस सिस्टम जियोमैट्री सर्वे नामक इंस्टीट्यूट में रिसर्चर बाड़े। ऊ सुक के को ट्वीट कs के लिखले रहस कि जल्दिदि ये भा देर से, केंद्रीय तुर्की आ जॉर्डन सीरिया के इलाका में 7.5 मैग्नीट्यूड के भूकंप आ सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]