Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आतंकी उगिलस राज, पाकिस्तानी सेना भेजले रहे फिदायीन दस्ता, बड़ हमला के रहल साजिश

311
Google Ads 300*250 for posts

नौशेरा सेक्टर में पकड़ल गइल फिदायीन आतंकी नियंत्रण रेखा (एलओसी) पर सेना के आगे के चौकियन पर बड़ हमला खातिर आइल रहल। पाकिस्तानी सेना के खुफिया एजेंसी आईएसआई में कर्नल रैंक के अधिकारी यूसुफ चौधरी आतंकियन के फिदायीन दस्ता हमला खातिर भेजले रहे। मौका पर ओकरे संगे दू अउरी आतंकी रहनें सो। पकड़ल गइल फिदायीन तबारक हुसैन के हमला खातिर 30 हजार रुपया देहल गइल रहे।, लेकिन तारबंदी कटले के दौरान तबारक के सतर्क जवान लोग फायरिंग क के घायल क देहल। बाकी आतंकी मौका से भाग निकलले। ओकर राजोरी के सैन्य अस्पताल में दवाई हो रहल बा। तबारक हुसैन पूछताछ में पूरा साजिश के राज उगललस। बुधवार के पत्रकारन के सवाल पर भी तबारक हुसैन बड़ हमला के साजिश के कबुललस।

रक्षा प्रवक्ता के अनुसार, नौशेरा के झंगड़ क्षेत्र में 21 अगस्त भोरे तीन आतंकियन के ग्रुप के हलचल देखल गईल। दू आतंकी पीछे रहलें, जबकि तबारक हुसैन तारबंदी के पास आ के तार काटे लागल। जवान सब ओके चुनौती देहलें त ऊ भागे लागल। एह दौरान फायरिंग में तबारक घायल हो के उनवें गिर गइल। दुसरका आतंकी भाग निकलले।

पाकिस्तान के कब्जा वाले जम्मू-कश्मीर में गांव सब्जकोट अउरी जिला कोटली के रहे वाले तबारक हुसैन बतवलें कि कर्नल यूसुफ से 30 हजार रुपया मिलल रहे। हमला खातिर भारतीय सेना के तीन चौकियन के रेकी कइल गईल रहे। सही समय मिलला पर हमला कइल जाए के रहल। तबारक के साथ मौका पर हालांकि दू अउरी आतंकी रहलें, लेकिन तबारक कहलस कि कुल पांच आतंकियन के ग्रुप रहल, जेके हमला के अंजाम देवे के रहल। गौरतलब बा कि तबारक के ओकरे भाई हारून अली के संगे 2016 मे भी पकड़ल गइल रहे, जेके कुछ बरिस जेल में रखला के बाद पाकिस्तान के लौटा देहल गइल रहे।

312790cookie-checkआतंकी उगिलस राज, पाकिस्तानी सेना भेजले रहे फिदायीन दस्ता, बड़ हमला के रहल साजिश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.