[the_ad_group id="30365"]

झारखंड के सीएम के करीबी प्रेम प्रकाश गिरफ्तार, अवैध खनन मामला में ईडी कइलस कारवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड में अवैध खनन मामला में प्रवर्तन निदेशालय(ED) बड़ कारवाई करत मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन के करीबी प्रेम प्रकाश के गिरफ्तार कs लेहले बा। बतावल जा रहल बा कि प्रेम प्रकाश मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन अउर उनके पारिवारिक मित्र अमित अग्रवाल के करीबी सहयोगी हवें। उनवें एसे पहिले देर रात प्रेम प्रकाश के घर से ईडी दू ठो एके-47, 60 कारतूस अउरी दू ठो मैगजीन बरामद कइलें रहल। हालांकि, बाद में रांची पुलिस एक प्रेस विज्ञप्ति जारी कs के बतवलस कि दूनों एके-47 प्रेम प्रकाश के नाइ बलुक रात में ओनके लग्गे रुकल दू पुलिस कॉन्सटेबलन के ह।

झारखंड अउरी बिहार के करीब 17 लोकेशन पर छापेमारी जारी

बतावल जा रहल बा कि ईडी अवैध खनन अउर जबरन वसूली के मामला में मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन के विधायक प्रतिनिधि पंकज मिश्रा से पूछताछ के बाद कई ठिकानन पर छापेमारी कइल गइल बा। झारखंड अउर बिहार के करीब 17 लोकेशन पर तलाशी अभियान जारी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]