[the_ad_group id="30365"]

विधायक राजा सिंह के खिलाफ नारेबाजी खातिर स्कूली बचवन के उकसवलें, दोषियन के खिलाफ FIR के आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तेलंगाना के राजधानी हैदराबाद में मंगलवार के पैगंबर मोहम्मद के खिलाफ आपत्तिजनक टिप्पणी करे वाले निलंबित भाजपा विधायक के जमानत मिलला के बाद बवाल अउरी ढ़ेर बढ़ गइल बा। प्रदर्शनकारियन के प्रदर्शन उग्र होत जा रहल बा। पुलिस एह प्रदर्शनकारियन के समझावे के हर संभव कोशिश क रहल बा लेकिन ई लोग माने खातिर तइयारे नाइ हो रहल बानें। एह सबके बीच अब एगो बड़ खबर सोझे आ रहल बा कि राष्ट्रीय बाल अधिकार संरक्षण आयोग (एनसीपीसीआर) हैदराबाद पुलिस से ओह लोगन के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करे के कहले बा जे निलंबित भाजपा नेता टी राजा सिंह के खिलाफ स्कूली बचवन के नारेबाजी करे खातिर उकसवलें बा।

बचवन से “सर तन से जुदा” जइसन नारा लगवावल गइल : बाल अधिकार संरक्षण आयोग

हैदराबाद पुलिस के लिखल एक पत्र में, बाल अधिकार संरक्षण आयोग (एनसीपीसीआर) कहलें कि सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पर प्रसारित वीडियो क्लिप में बचवन के “सर तन से जुदा” जइसन नारा लगावत अउर भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के निलंबित नेता के “फांसी” देहलें के मांग करत दिखावल गइल बा। आयोग कहलस कि अइसन लागsता कि बचवन के प्रभावित कइल गइल बा अउर विरोध में राजनीतिक हथियार के रूप में इस्तेमाल कइल गइल। आयोग स्वत: संज्ञान लेहल उचित समझलस काहेसेकि किशोर न्याय (बचवन के देखभाल अउर संरक्षण) अधिनियम, 2015 के तहत संबंधित प्रावधान के पहिला नजर में उल्लंघन ह।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]