- बिहार: बिहार में कोरोना से सतर्क रहे के जरूरत, भागलपुर में मिलल तीन गो कोविड पॉज़िटिव मरीज।
- बिहार: सीवान में मोसाद के पोस्टर से दहशत, आधा दर्जन लोगन के जान से मारे के दिहल गइल धमकी।
- उत्तर प्रदेश: पीएम मोदी के दौरा के बीचे जुमा के नमाज के बाद कानपुर में जमके बवाल, पत्थरबाजी आ बमबाजी के बाद पुलिस के पुलिस के लाठीचार्ज, 15 उप्रवदी हिरासत में।
- उत्तर प्रदेश: गौतम अडानी के एलान- उत्तर प्रदेश में करेम 70,000 करोड़ रुपिया के निवेश, 30000 लोगन के मिली रोजगार।
- झारखंड: राजधानी एक्सप्रेस के बोगी से निकलल चिंगारी, यात्रियन में अफरातफरी, बदलल गइल कोच।
- हैदराबाद में नाबालिग से मर्सिडीज में गैंगरेप: हाई प्रोफाइल पार्टी में गइल रहे पीड़िता, घर छोड़ला के बहाने 5 आरोपी कार में ले गइले सs, सब नाबालिग।
- अनंतनाग के पीड़ित कॉलोनी खाली: हत्या के बाद 90% कश्मीरी पंडित रातोरात घर छोड़ल लो, बोलल लो- सब्र टूट गइल।
- गहिराह मुश्किल में पाकिस्तान: विदेशी भंडार खाली 9 अरब डॉलर बांचल, इ चारे हफ्ता चली। अब आईएमएफ़ आखिरी उम्मीद।
- संजय राउत के केंद्र सरकार पs हमला, बोलले- कश्मीर में 1970 जइसन हालात, धारा 370 हटावे के ना भइल फायदा।
- सुब्रमण्यम स्वामी आईपीएल पs सवाल उठवले: बोलले- फाइनल में धांधली भइल बा, इंटेलीजेंस एजेंसी के इहे मानल बा, जांच होखे।
साँझ के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।