Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

334
  1. बिहार: बिहार विधानसभा अध्यक्ष कहले- ना देम इस्तीफा, अविश्वास प्रस्ताव से हटे वाला राज्य के पहिला स्पीकर हो सकेले विजय सिन्हा।
  2. बिहार: ललन-उपेंद्र नीतीश कुमार के कान में डलले जहर, नित्यानंद राय JDU पs बोलले हमला- BJP के मंत्रियन से ना मिलत रहले सीएम।
  3. उत्तर प्रदेश: विधायक पल्लवी पटेल बोलली- हमार बाबूजी सोनेलाल पटेल के एक्ससीडेंट ना भइल रहे, हत्या भइल रहे; CBI जांच होखे।
  4. उत्तर प्रदेश: ज्ञानवापी-मां श्रृंगार गौरी केस के सुनवाई बिहान काल्ह जारी रही, मसजिद कमेटी फेर कहले- सिविल कोर्ट के मुकदमा सुने के अधिकार नइखे।
  5. झारखंड: डॉ. अमृतांशु प्रसाद बनले, आईसीसी झारखंड चैप्टर के अध्यक्ष, इंडियन चैंबर ऑफ कॉमर्स झारखंड में कइलस अध्यक्ष आ सह अध्यक्ष के नियुक्ति।
  6. मुफलिसी में जी रहल कांबली के मिलले नौकरी के ऑफर: सैलरी एक लाख रुपिया, फाइनेंस विभाग में काम करे के होई।
  7. अल-ज़वाहिरी के मारे वाला अमेरिकी ड्रोन खरीदी भारत: चीन के हर चालाकी पs नजर राखी MQ-9B, 1900 किमी तक निगरानी राखे आ हमला करे में सक्षम।
  8. पति पs पॉस्को ना लागी: दिल्ली HC कहलस- मुस्लिम लॉ में जवान लईकी के मरजी से शादी के इजाजत, भले ऊ नाबालिग।
  9. चुनावी वादा रोकला पs SC में बिहान फेर होई सुनवाई: CJI बोलले- केहू सिंगापुर भेजे के वादा करे तs EC कइसे रोकी।
  10. एशिया कप से पहिले द्रविड़ के कोरोना: 28 अगस्त के बा भारत-पाकिस्तान मैच, शास्त्री बोलले- पैरासिटामॉल खाते रेडी हो जइहें।
311330cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.