Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

385
  1. बिहार: औरंगाबाद में सीएम नीतीश कुमार पs हमला, समाधान यात्रा में कुर्सी के टुकड़ा नीतीश कुमार पs फेंकल गइल, बाल-बाल बचलें।
  2. बिहार: IG विकास वैभव बोललें- प्रताड़ना युक्त पद से मुक्ति चाहीं; गृह विभाग के लिखलें लेटर- पत्नी के बारे में गलत टिप्पणी कइल गइल, ब्लडी IG बोलल गइल।
  3. उत्तर प्रदेश: छजलैट विवाद में आजम आ अब्दुल्ला दोषी करार, बाकी 7 आरोपी बरी। 2008 में कार चेकिंग के विरोध में आजम खान आ उनकर समर्थक रोड जाम कs देले रहे लोग। जवना के बाद आरोपियन पs केस दर्ज कs के जांच सुरू भइल रहे।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट से सरकार बदललस माहौल, लक्ष्य से तीन गुना जादे साइन भइल एमओयू। 33.50 लाख करोड़ के निवेश प्रस्तावन के एमओयू भइल बा साइन।
  5. झारखंड: झारखंड कांग्रेस के निलंबित नेता लोगन के प्रदेश अध्यक्ष राजेश ठाकुर पs पलटवार, प्रेस कॉन्फ्रेंस कs के कहल लोग; प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष राजेश ठाकुर हमनी के 6 साल खातिर निलंबित कs देले बाड़े, लेकिन कांग्रेस पार्टी हमनी के खून में बा, हमनी के कांग्रेस पार्टी में रहनी सs, पार्टी में बानी सs आ आगहू कांग्रेसे में रहेम सs।
  6. सेबी सिस्टम के मजबूत करे खातिर कमेटी बनी: केंद्र सुप्रीम कोर्ट से कहलस- एक्सपर्ट्स के नाम सउपल जाई, अडानी केस से उठल रहे सवाल।
  7. त्रिपुरा में बोललें पीएम- वामपंथियन द्वारा लोगन के गुलाम समझल गइल: चुनावी रैली में कहलें- वामपंथ के झंडा इहां रेड सिग्नल रहे, BJP विकास के डबल-इंजन हs।
  8. एयरो शो में स्वदेशी सुपरसोनिक एयरकार्फ्ट पs बजरंगबली: टेल पs लिखल बा- तूफान आ रहल बा; पहिला बेर दु गो अमेरिकी F-35 फाइटर एयरक्राफ्ट प्रदर्शित।
  9. स्पाई बैलून पs भिड़ल US -चीन: बीजिंग बोलल – हमनी के गुब्बारा अमेरिका में लउकला के तूल मत दियाव, अमेरिका के 10 बैलून हमनी इहां आइल। चीन के दावा- बैलून के जासूसी से कवनो ताल्लुक नइखे।
  10. Women’s Premier League: ऑक्शन में मंधाना सबसे महंगा बिकली; तीन खिलाड़ी 3 करोड़ से जादे में बिकल लोग, अंडर-19 वर्ल्ड चैंपियन टीम के 4 खिलाड़ी बिकल लोग। भारतीय कप्तान हरमनप्रीत कौर के मिलल 1.80 करोड़।
460490cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.