Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

357
  1. बिहार: चोरी के 16 दिन बाद बदलल मन… लवटवलस सामान; नालंदा में दुआरी पs छोड़ गइले सs टीवी आ सूटकेस, 10 लाख से बेसी के भइल रहे चोरी।
  2. बिहार: राइफल लहराके बोलले सs- I AM आतंकवादी, डर लोग हमरा से; गया से सामने आइल बा वीडियो, जे मिलल ओकरा के पीटले सs, पुलिस निकललस हेंकड़ी; 4 गिरफ्तार।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी सरकार निकाय चुनाव में OBC आरक्षण के लेके सुप्रीम कोर्ट पहुंचल, 2 जनवरी के सुनवाई।
  4. उत्तर प्रदेश: अखिलेश यादव ना होइहें “भारत जोड़ो यात्रा में सामिल, बतवलें हमरा निमंत्रण ना मिलल। हमार भावना राहुल गांधी आ उनका यात्रा के संगे बा।
  5. झारखंड: गया जा रहल स्कार्पियो हजारीबाग के दनुआ घाटी में दुर्घटनाग्रस्त, एक के मौत। हादसा में ड्राइवर के भइल बा मौत।
  6. 1 जनवरी से 6 देसन खातिर RT-PCR टेस्ट जरूरी: 72 घंटा पुरान रिपोर्ट देवे के होई; स्वास्थ मंत्री के फार्मा कंपनियन के संगे मीटिंग। अब तक 43 बिदेसी यात्री पॉजिटिव।
  7. राहुल 2020 से 113 बेर तुरलें सुरक्षा नियम: CRPF गृह मंत्रालय के बतावल; कांग्रेस सुरक्षा में चूक के शिकायत कइले रहे।
  8. विवादन में घिरलें हरियाणा के खेल मंत्री: जूनियर महिला कोच बोलली- सरकारी आवास में बोलाके छेड़छाड़ कइलें; संदीप बोललें – सब झूठ, हमरा खिलाफ साजिश।
  9. UAE में सरकारी कर्मचारियन के एक साल के छुट्टी: एह दौरान आपन बिजनेस सुरू कs सकी लो, 50% सैलरी मिलत रही। सरकार कहलस ई हमनी के फ्यूचर प्लान।
  10. सूर्यकुमार यादव ICC टी-20 क्रिकेटर ऑफ द ईयर खातिर नामिनेट: एह साल सबसे बेसी रन, एमे 2 गो शतक सामिल बा।
424890cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.