Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हड़ताल : कांग्रेस सरकार के वादा याद दियावत आज छुट्टी पर बाने छत्तीसगढ़ के एक लाख कर्मचारी

734
Google Ads 300*250 for posts

छत्तीसगढ़ में आजु एक लाख सरकारी कर्मचारी छुट्टी पर बाड़े. एकरा से कार्यालयन के काम पर असर पड़ी. ई कर्मचारी एह लोग के नियमित करे के माँग करत बाड़े. अगर कवनो सुनवाई ना भइल त एक सितंबर से अनिश्चित काल खातिर आंदोलन होखी.

कांग्रेस 2018 के छत्तीसगढ़ विधानसभा चुनाव में वादा कईले रहे कि उ राज्य के अनियमित कर्मचारी के नियमित करी। अयीसन कर्मचारी के संख्या एक लाख से जादे बा। छत्तीसगढ़ संयुक्त अनियमित कर्मचारी महासंघ के आह्वान पर बियफे का दिने रायपुर के बुढ़ा तालाब में चेतावनी बइठक के आयोजन कइल गइल बा. संगठन के संयोजक गोपाल साहू के मुताबिक ए आंदोलन के माध्यम से राज्य के कांग्रेस सरकार के नियमितीकरण के प्रक्रिया शुरू करे खाती जोर दिहल जाई। अगर कवनो सुनवाई ना भइल त एक सितंबर से काम अनिश्चित काल खातिर बंद कर दिहल जाई.

संस्था के प्रान्त अध्यक्ष रवि गडपाले आजु होखेवाला चेतावनी सभा मे एक लाख से बेसी कर्मचारी सहभागी होखेके बतवनी । स्टाफ नेता लोग के कहनाम बा कि कांग्रेस सरकार बनल त 10 दिन में नियमित करे के वादा कईले रहे, लेकिन साढ़े तीन साल बाद भी इ वादा पूरा नईखे भईल। तीन साल बादो नियमितीकरण समिति के रिपोर्ट पूरा नइखे भइल. आंकड़ा एकट्ठा ना हो पावल. आउटसोर्सिंग ना रुकल आ बढ़ोतरी रोक के छंटनी शुरू हो गइल. एहसे अनियमित कर्मचारियन में नाराजगी पैदा हो गइल बा.

कार्यकर्ता नेता राज्य के भूपेश बघेल के नेतृत्व वाली कांग्रेस सरकार से मांग कईले कि उ वादा जल्दी पूरा करे, ना त अदम्य आंदोलन से सरकार के काम ठप्प हो जाई।

266900cookie-checkहड़ताल : कांग्रेस सरकार के वादा याद दियावत आज छुट्टी पर बाने छत्तीसगढ़ के एक लाख कर्मचारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.