हादसा के बाद CM योगी पहुंचले हाथरस, अस्पताल में घायलन से मिलले, 121 लोग के गइल जान

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 3, 2024

  उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ हाथरस चहुँप गइल बाड़न. इहाँ उs सत्संग के दौरान भगदड़ में जान गंवा चुकल लोग के परिवार से मिल सकतारे। सीएम योगी आदित्यनाथ हाथरस पुलिस लाइन के स्थिति

Share

 

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ हाथरस चहुँप गइल बाड़न. इहाँ उs सत्संग के दौरान भगदड़ में जान गंवा चुकल लोग के परिवार से मिल सकतारे। सीएम योगी आदित्यनाथ हाथरस पुलिस लाइन के स्थिति के जायजा लेला के बाद सरकारी अस्पताल में भगदड़ के घटना में घाही लोग से मुलाकात कईले। घायल लोग के हालत के बारे में पूछताछ करे खातिर। सत्संग के दौरान भईल भगदड़ में अबे ले 121 लोग के मौत हो चुकल बा, जबकि 28 लोग गंभीर रूप से घाही बाड़े।

सीएम योगी एह घटना पs का कहले?

घटना के जांच खातीर अपर पुलिस महानिदेशक (आगरा) अवुरी अलीगढ़ मंडल आयुक्त के टीम बनावल गईल बा। घटना के बाद सरकार मंगल के जारी बयान में कहलस कि 24 घंटा के भीतर रिपोर्ट जमा करे के बा। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना आधिकारिक आवास पs पत्रकारन से कहले कि, “हमनी के सरकार एs घटना के तह ले पहुंच जाई अवुरी षड्यंत्रकारी अवुरी जिम्मेदार के उचित सजा दिही। राज्य सरकार एs पूरा घटना के जांच करतिया। हमनी के एकरा तह ले पहुंच जाई।” आ देखीं.” ई दुर्घटना हs कि साजिश.”

घटना पs राजनीति करेवाला दल के निशाना बनावत सीएम योगी कहले कि, “एह प्रकार के घटना पs पीड़ित के संवेदना जतावे के बजाय राजनीति कईल बेहद दुर्भाग्यपूर्ण अवुरी निंदा के भी बात बा। इs समय बा पीड़ित के घाव भरे के, सरकार एह मामिला में पहिलहीं से संवेदनशील बिया आ कवनो अपराधी के ना छोड़ल जाई.

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.