बीजापुर : CRPF कैंप पs बड़ नक्सली हमला, 3 जवान शहीद, 14 घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 30, 2024

  छत्तीसगढ़ के सुकमा-बीजापुर जिला के सीमावर्ती इलाका टेकलगुड़ेम गाँव में सीआरपीएफ कैंप पs नक्सली बड़हन हमला कs दिहले बाड़न। एह घटना में तीन जवान शहीद हो गइल बाड़े। एही बीच 14 जवान घायल हो

Share

 

छत्तीसगढ़ के सुकमा-बीजापुर जिला के सीमावर्ती इलाका टेकलगुड़ेम गाँव में सीआरपीएफ कैंप पs नक्सली बड़हन हमला कs दिहले बाड़न। एह घटना में तीन जवान शहीद हो गइल बाड़े। एही बीच 14 जवान घायल हो चुकल बाड़े। घाही जवान के इलाज खातीर अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। हमला के जानकारी मिलते सुरक्षा बल मउका पs पहुंच गईले। इलाका के घेराबंदी कs के हमलावर के तलाश शुरू कs देले बाड़े।

जानकारी के मुताबिक सुकमा के जगरगुण्डा थाना क्षेत्र में नक्सली गतिविधि पs लगाम लगावे अवुरी इलाका के लोग के सहायता देवे खातीर सुरक्षा शिविर लगावल गईल। शिविर के बाद सीआरपीएफ के कोबरा जवान जोनागुड़ा-अलीगुड़ा इलाका में तलाशी अभियान चलावत रहले। तब नक्सली जवानन पs गोली चला दिहले।

एह दौरान सुरक्षा बल नक्सलियन के उचित जवाब दे दिहलस। सुरक्षा बल के बढ़त दबाव देख नक्सली जंगल के आड़ में भाग गईले। हालांकि ए मुठभेड़ में 3 जवान के बलिदान हो चुकल बा, जबकि 14 जवान घाही हो गईल बाड़े। घाही जवान के इलाज खातीर रायपुर भेजल गईल बा। फिलहाल उनुकर हालत खतरा से बाहर बतावल जाता।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.